सनसनी फेम श्रीवर्धन त्रिवेदी के फिलिम ‘देख के’ 11 जुलाई से

दू गो चर्चित हत्याकांडन के राज खोले वाली फिलिम हवे ‘देख के’.
DekhKe-poster
पिछला कई साल से ‘सन्नाटे को चीरती सनसनी फिर देगी दस्तक’ सुनते आवाज के जादूगर श्रीवर्धन त्रिवेदी के चेहरा सामने आ जाला जे बरीसन से छोटका परदा प क्राइम बेस शो के शाहंशाह बनल बाड़े. छोटका परदा से बड़का परदा का ओर डेग बढ़ावत श्रीवर्धन त्रिवेदी फिलिम निर्माण में आ गइल बाड़े आ उनकर पहिला फिलिम हवे ‘देख के’.

एह फिलिम के 11 जुलाई से सगरी बिहार में एक साथ रिलीज कइल जाई. निर्देशक हउवन महुआ टीवी के चर्चित शो ‘भौकाल के चौपाल’ के भौकाल सिंह उर्फ निखिल राज. निखिल राज बतावत बाड़े कि एह फिलिम के कहानी तब लिखे के शुरु कइलन जवना घरी उ ‘भौकाल के चौपाल’ शो ला उत्तर प्रदेश, बिहार, आ झारखंड के गलियन में लगातार घुमत रहलन. फिलिम के कहानी आ घटना ओही दौर के अनुभव प बा जवन उ भौकाल सिंह बन के हर आम ईंसान, अधिकारी, नेता, प्रशासन, शहर, गांव आ कस्बन मे बतौर अभिनेता पवलन. कहानी कहीं ना कहीं आम दर्शको के अपना संगे जोड़ी.

एह फिलिम में साल 1984 के सिख दंगा का साथही बिहार के दू गो बड़हन आपराधिक वारदातो के समेटल गइल बा. एह फिलिम ला ऑस्कर नॉमिनी बॉम्बे जयश्री, कैलाश खेर, हॉलीवुड सिंगर योगेश्वरन मानक्कम साउथ अफ्रिकन सिंगर सईयों बाबा कमारा, क्लासिकल सिंगर सुधीर रेखारी, लोक गायक बच्चू शुक्ला जइसन गायकन के संगीतकार पॉल जैकब के साथ मिलल जवन तमिल सिनेमा के मशहूर नाम ह. साथही हिंदी आ बंगला फिलिमन के मशहूर नाम बोनी चक्रवर्तीओ एह फिलिम से जुड़ल बाड़े.

कलाकारन में सनसनी फेम श्रीवर्धन त्रिवेदी, अवधेश मिश्रा, जाकिर हुसैन, प्रकाश जैस, पद्म सिंह, श्री कंकाणी, निशु जी वगैरह खास बाड़े. भोजपुरी सिनेमा के बैड मैन अवधेश मिश्रा पहिला बेर एगो पॉजिटिव भूमिका में बाड़न.


(रंजन सिन्हा)

0 Comments

Recent Posts



अंजोरिया पर खोजीं -

आपन टिप्पणी, लेख, कहानी, कविता, विचार भेजे खातिर -

anjoria@rediffmail.com

अगर राउर रचना पहिला बेर आ रहल बा त आपन एगो रंगीन पासपोर्ट साइज फोटो साथ में जरूर डाल दीं.

पाठक-पाठिकन के राय विचार प्रतिक्रिया..