सनोज मिश्रा के फिल्म द डायरी ऑफ वेस्ट बंगाल क ट्रेलर

सनोज मिश्रा निर्देशित फिल्म द डायरी ऑफ वेस्ट बंगाल के ट्रेलर पिछला 30 जनवरी को रिलीज़ हो गइल बा. जल्दिए एकरा के सिनेमोहालन में रिलीज कइल जाई.

ई फिलिम पश्चिम बंगाल में हिंदूवन के हालात आ ओह लोग पर भइल अत्याचारन पर बनावल गइल बा. एह फिलिम के कई एक दृश्य अतना वीभत्स आ भयावह बा कि देखेवालन के खुन खौल सकेला.

द डायरी ऑफ वेस्ट बंगाल में बंगलादेश आ म्यांमार से आइल घुसपैठियन के कइल अपराध, ओहनी के दीहल जात राजनीतिक संरक्षण, आ ओकरा सहारे राजनीतिक खेला करे के दृष्टांतो बावे.

फिल्म में कहानी के प्लॉट त बढ़िया आ रेघरियावे जोग बा बाकिर ट्रेलर कुछ जगहन पर तकनीकी रूप से कमजोर लागत बा. बैकग्राउंड स्कोर ठीकठाक बा आ फिल्मोग्राफिओ कुछ हद ले एकरा के बरियार करत बा.

वसीम रिजवी फिल्म्स के बैनर तर बनल एह फिल्म – द डायरी ऑफ वेस्ट बंगाल – के निर्माता वसीम रिजवी उर्फ़ जितेंद्र नारायण सिंह, आ लेखक-निर्देशक सनोज मिश्र हउवन. फिल्म के कलाकारन में अर्शिन मेहता, यजुर मारवाह, दीपक कंबोज, अल्फिया शेख, गरिमा कपूर, रीना भट्टाचार्य, गौरी शंकर, देव फौजदार, अनिल अंजुनिल, संजू सोलंकी, डा रामेंद्र चक्रवर्ती, दीपक सूठा, जितेंद्र नारायण सिंह, जनार्दन सिंह मयूर, अनुज दीक्षित, नीत महल जइसन मजल कलाकार शामिल बाड़ें.

फिल्म के सह निर्माता क्षत्रपाल सूर्यवंशी, संजय कुमार, आ अर्जुन सिंह, छायाकार सत्यपाल सिंह, संपादक रंजीत प्रसाद, अउर संगीतकार ए आर दत्ता हउवें.

(स्रोत – हंगामा मीडिया के संजय भूषण पटियाला)

0 Comments



अंजोरिया पर खोजीं -

आपन टिप्पणी, लेख, कहानी, कविता, विचार भेजे खातिर -

anjoria@rediffmail.com

अगर राउर रचना पहिला बेर आ रहल बा त आपन एगो रंगीन पासपोर्ट साइज फोटो साथ में जरूर डाल दीं.

Recent Posts

पाठक-पाठिकन के राय विचार प्रतिक्रिया..

🤖 अंजोरिया में ChatGPT के सहयोग

अंजोरिया पर कुछ तकनीकी, लेखन आ सुझाव में ChatGPT के मदद लिहल गइल बा – ई OpenAI के एगो उन्नत भाषा मॉडल ह, जवन विचार, अनुवाद, लेख-संरचना आ रचनात्मकता में मददगार साबित भइल बा।

🌐 ChatGPT से खुद बातचीत करीं – आ देखीं ई कइसे रउरो रचना में मदद कर सकेला।