सन आफ बिहार खेसारीलाल यादव के फिलिम होली पर रिलीज होखी

Photo Source : trailer of the film from youtube.com


भोजपुरी सिनेमा के सुपरस्टारन में शाामिल खेसारीलाल यादव केे फिलिम ‘सन ऑफ बिहार’ होली का मौका पर 25 मार्च केे रिलीज होखे जा रहल बा. फिलिम देखे सेे पहिले रउरा सभे ला पेश बा ओकर ट्रेलर जवन यूट्यूब पर हालही में रिलीज कइल गइल बा.

‘सन ऑफ बिहार’ के निर्माता अमित कुमार गुप्ता, अजय गुप्ता, अउर उमा गुप्ता आ निर्देशक रवि सिन्हा हउवेें.

फिलिम के कहानी में खेसारी एगो वकील का किरदार में आ उनुकर नायिका स्कूल टीचर के किरदार में बाड़ी.

फिलिम के कलाकारन में खेसारी लाल यादव, मणि भट्टाचार्य, रक्षा गुप्ता, अयान खान, महेश आचार्य, गौरी शंकर, अउर रजनीश पाठक के खास नाम बा.

कैप्टन वीडियो प्रा लि प्रस्तुत एह फिलिम के सह निर्माता आलोक गुप्ता, रितु गुप्ता, पंकज गुप्ता, अउर दौलत राम गुप्ता आ सहायक निदेशकन में अर्जुन, मेज़र, परवेज़, आ तोहिद शामिल बाड़न. कथा, पटकथा आ संवाद वीरू ठाकुर के लिखल बा. गीतकार कृष्णा बेदर्दी, कोरियोग्राफर कानू मुखर्जी, मनोज गुप्ता,अउर पप्पू खन्ना, डीओपी आर.आर प्रिंस, आ एक्शन गुरु मुकेश राठौड़ हउवेें.

0 Comments



अंजोरिया पर खोजीं -

आपन टिप्पणी, लेख, कहानी, कविता, विचार भेजे खातिर -

anjoria@rediffmail.com

अगर राउर रचना पहिला बेर आ रहल बा त आपन एगो रंगीन पासपोर्ट साइज फोटो साथ में जरूर डाल दीं.

Recent Posts

पाठक-पाठिकन के राय विचार प्रतिक्रिया..

🤖 अंजोरिया में ChatGPT के सहयोग

अंजोरिया पर कुछ तकनीकी, लेखन आ सुझाव में ChatGPT के मदद लिहल गइल बा – ई OpenAI के एगो उन्नत भाषा मॉडल ह, जवन विचार, अनुवाद, लेख-संरचना आ रचनात्मकता में मददगार साबित भइल बा।

🌐 ChatGPT से खुद बातचीत करीं – आ देखीं ई कइसे रउरो रचना में मदद कर सकेला।