सपना के आईटम दर्शकन के नीमन लागल

वइसे त सपना अबले बहुते फिलिमन में आईटम कर चुकल बाड़ी बाकिर निर्देशक फहीम खान आ निर्माता आर.एन. चौधरी के फिल्म ‘‘दिल त पागल होला’’ में सपना के आईटम अतना बढ़िया बा कि दर्शकन के ताली बजला से सिनेमा हॉल गड़गड़ाहट से भर जात बा. सपना के एह आईटम के इंटरनेट यूटूब पर दू लाख से अधिका लोग देख चुकल बा जवना से साबित हो गइल बा कि सपना भोजपुरी के आईटम नंबर वन हई. एहमें सीमो सिंह के कइल आईटम बा बाकिर सपना के आईटम बीस पड़त बा.

भोजपुरी में सम्भावना सेठ, सोना बत्रा के बाद सीमा सिंह के जलवा रहल आ अब सपना के आईटम के जमाना आ गइल बा. सपना सतरह साल से फिल्म इंडस्ट्री में बाड़ी. सपना के बिग-बॉस में आवे के नेवता मिलल बा. देखल जाव कि सपना का करत बाड़ी. सुने में आवत बा कि सपना के चक्कर आजुकाल्ह निदेशक राजकुमार के भाई मनोज पाण्डे संगे चलत बा.


(संजय भूषण पटियाला के रपट)

0 Comments

आपन टिप्पणी, लेख, कहानी, कविता, विचार भेजे खातिर -

anjoria@rediffmail.com

अगर राउर रचना पहिला बेर आ रहल बा त आपन एगो रंगीन पासपोर्ट साइज फोटो साथ में जरूर डाल दीं.

Recent Posts

🤖 अंजोरिया में ChatGPT के सहयोग

अंजोरिया पर कुछ तकनीकी, लेखन आ सुझाव में ChatGPT के मदद लिहल गइल बा – ई OpenAI के एगो उन्नत भाषा मॉडल ह, जवन विचार, अनुवाद, लेख-संरचना आ रचनात्मकता में मददगार साबित भइल बा।

🌐 ChatGPT से खुद बातचीत करीं – आ देखीं ई कइसे रउरो रचना में मदद कर सकेला।