सपना के ड्राइवर संईया

भोजपुरी के जानल माल अदाकारा सपना के सबही जानेला. लोग के भरपूर इज्जत करे वाला आ अपना काम खातिर समर्पित सपना पिछला दिने फहीम ए खान के निर्देशन में बनत फिल्म “दिल त पागल होला” खातिर एगो आईटम गीत “ड्राइवर संईया” कइली जवना का बाद से इंडस्ट्री में उनुकर बहुते चरचा बा.

अनेके फिलिमन में काम कर चुकल सपना दर्शकन के वाहवाही खूब लिहले बाड़ी. उनुका फिलिमन के फेहरिस्त बहुते लमहर बावे. राज पीपला (गुजरात) में शूटिंग के दौरान सपना निर्देशक फहीम खान के तारीफ करत कहली कि फहीम खान एगो सुलझल आ टैलेंटेड निर्देशक त हइये हउवें, ओहू ले बढ़ के एगो नीमन इसान हउवें.

सपना के “ड्राइवर सईंया” के हॉट सेक्सी गीत दर्शकन के कतना मनोरंजन आ निर्माता के कतना कमाई करावत बा से त आवे वाला समय बताई बाकिर अतना तय बा कि ई गीत लोग का जुबना का साथे साथ उनुका मोबाइल रिंग टोन में बहुते सुनाइल करी.


(दिनेश यादव के रपट से)

0 Comments

Submit a Comment

Your email address will not be published. Required fields are marked *