सपा के राष्ट्रीय सचिव अजय अग्रवाल भाजपा मे शामिल भइले

सपा के राष्ट्रीय सचिव आ उच्चतम न्यायालय के अधिवक्ता अजय अग्रवाल अपना पद आ सपा के प्राथमिक सदस्यता से इस्तीफा दे के भाजपा मे शामिल हो गइले.
संभल जिला के चंदौसी निवासी अजय अग्रवाल दिल्ली मे भाजपा के राष्ट्रीय अध्यक्ष राजनाथ सिंह आ प्रदेश अध्यक्ष लक्ष्मीकांत बाजपेयी का मौजूदगी मे भाजपा के सदस्य बनलन.
एह मौका पर अजय अग्रवाल कहलन कि पुलिस आ प्रशासन का काम में कुछ मंत्रियन के बेजरूरत दखल आ हाल के मुजफफंरनगर दंगा से दुखी हो कर ऊ समाजवादी पार्टी छोड़े के फैसला कइलन. कहलन कि मुजफफंरनगर दंगा का बाद जवना तरह प्रदेश सरकार भेदभाव भरल कार्रवाई क के प्रदेस के गंगा जमुनी तहजीब के नुकसान पहुंचवलसि तवना से ऊ दुखी बाड़न.
(वार्ता)

0 Comments

Submit a Comment

🤖 अंजोरिया में ChatGPT के सहयोग

अंजोरिया पर कुछ तकनीकी, लेखन आ सुझाव में ChatGPT के मदद लिहल गइल बा – ई OpenAI के एगो उन्नत भाषा मॉडल ह, जवन विचार, अनुवाद, लेख-संरचना आ रचनात्मकता में मददगार साबित भइल बा।

🌐 ChatGPT से खुद बातचीत करीं – आ देखीं ई कइसे रउरो रचना में मदद कर सकेला।