सपा नेता मोहन सिंह के अंतिम संस्कार हो गइल

सपा के राष्ट्रीय महासचिव आ राज्यसभा सदस्य मोहन सिंह के अंतिम संस्कार आजु देवरिया के जयनगर में सरयू किनारे गौराघाट पर कर दिहल गइल. आग देबे के काम उनकर नाती प्रतीक सिंह कइलन.

एह मौका पर सपा अध्यक्ष मुलायम सिंह, वरिष्ठ मंत्री शिवपाल सिंह यादव, विधानसभा अध्यक्ष माता प्रसाद पाण्डेय, आ मंत्रीगण शंखलाल माझी, नारद राय, आ राजकिशोर सिंह समेत अनेके विधायक, नेता, आ सामान्य नागरिक मौजूद रहले.

समाजवादी नेता मोहन सिंह के निधन 22 सितम्बर के कैसर का बीमारी से दिल्ली मे हो गइल रहुवे.
(वार्ता)

0 Comments

🤖 अंजोरिया में ChatGPT के सहयोग

अंजोरिया पर कुछ तकनीकी, लेखन आ सुझाव में ChatGPT के मदद लिहल गइल बा – ई OpenAI के एगो उन्नत भाषा मॉडल ह, जवन विचार, अनुवाद, लेख-संरचना आ रचनात्मकता में मददगार साबित भइल बा।

🌐 ChatGPT से खुद बातचीत करीं – आ देखीं ई कइसे रउरो रचना में मदद कर सकेला।