‘सपूत’ बिहार में रिलीज भइल

sapoot-khesariफिल्मकार आ लेखक महेश पांडे के फिलिम ‘सपूत’ 28 जून के बिहार में धमाकेदार ढंग से रिलीज हो गइल. ओपनिंग बढ़िया मिलल बा. हर जगहा सबरेही से लमहर लमहर लाइन लागल रहे दर्शकन के आ हाउसफुल के बोर्ड जल्दीए टंगात गइल. दू गो नायक बाड़े एह फिलिम में खेसारीलाल यादव आ मनमोहन तिवारी. अउरी कलाकारन में मनोज वर्मा, काजल सिंह, बृजेश त्रिपाठी, उमेश सिंह, मनोज टाईगर, संजय पाण्डे आ नवोदित नायिका खुशबू बाड़ी.


(शशिकांत सिंह, रंजन सिन्हा)

0 Comments

🤖 अंजोरिया में ChatGPT के सहयोग

अंजोरिया पर कुछ तकनीकी, लेखन आ सुझाव में ChatGPT के मदद लिहल गइल बा – ई OpenAI के एगो उन्नत भाषा मॉडल ह, जवन विचार, अनुवाद, लेख-संरचना आ रचनात्मकता में मददगार साबित भइल बा।

🌐 ChatGPT से खुद बातचीत करीं – आ देखीं ई कइसे रउरो रचना में मदद कर सकेला।