‘सपूत’ 21 जून से बिहार में

sapoot-khesariफिल्मकार आ लेखक महेश पांडे के ‘सपूत’ 21 जून से बिहार में रिलीज होखे जात बा. हमेशा लीक से हट के फिलिम बनावे वाला महेश पांडे एहसे पहिलें ‘गब्बर सिंह’, ‘हम बाल ब्रम्हचारी तू कन्या कुंवारी’ आ ‘रानी चली ससुराल’ बना चुकल बाड़ें. ‘सपूत’ के निर्देशक हउवें युवा फिल्मकार मुकेश पांडे जे पहिला बेर खेसारीलाल यादव के निर्देशित करत बाड़ें.

सपूत के निर्माण आदिशक्ति इंटरटेनमेंट संगे मिल के महेश पांडे अपना कंपनी मुंबाजी आर्ट्स के बैनर तले बनवलन. एह में दू गो नायक बाड़ें खेसारीलाल यादव आ मनमोहन तिवारी. मनमोहन तिवारी महेश पांडे अउर मुकेश पांडे संगे एकरा पहिले ‘रानी चली ससुराल’ में बतौर नायक काम कर चुकल बाड़ें.

एह फिलिम का बारे में खेसारीलाल यादव के कहना बा कि ऊ महेश पांडे आ मुकेश पांडे के नाम बहुते सुनले रहलें आ एह लोग के फिलिम ‘गब्बर सिंह’ उनकर फेवरिट रहल बिया. से जब ई लोग ‘सपूत’ के ऑफर दिहल त खेसारीलाल तुरते सकार लिहलन.

एह फिलिम के मुख्य कलाकार बाड़ें खेसारीलाल यादव, मनोज वर्मा, काजल सिंह, बृजेश त्रिपाठी, उमेश सिंह, मनोज टाईगर, संजय पाण्डे, मनमोहन तिवारी अउर खुशबू. संवाद लेखक संतोष मिश्रा, को-प्रोड्यूसर नीरज सचदेवा, गीतकार विनय बिहारी, संगीतकार दुर्गा नटराज आ राजेश गुप्ता, कला अंजनी तिवारी, आ लाइन प्रोड्यूसर नीलाभ तिवारी.


(शशिकांत सिंह, रंजन सिन्हा)

0 Comments

Recent Posts

🤖 अंजोरिया में ChatGPT के सहयोग

अंजोरिया पर कुछ तकनीकी, लेखन आ सुझाव में ChatGPT के मदद लिहल गइल बा – ई OpenAI के एगो उन्नत भाषा मॉडल ह, जवन विचार, अनुवाद, लेख-संरचना आ रचनात्मकता में मददगार साबित भइल बा।

🌐 ChatGPT से खुद बातचीत करीं – आ देखीं ई कइसे रउरो रचना में मदद कर सकेला।