‘सपूत’ 28 जून से बिहार में

Sapoot1फिल्मकार आ लेखक महेश पांडे के फिलिम ‘सपूत’ 28 जून से बिहार में रिलीज होखे वाली बा. महेश पांडे का नांव हमेशा ओह फिल्मकारन में लिहल जाला जे लोग हमेशा लीक से हटके फिलिम बनावल. ‘गब्बर सिंह’, ‘हम बाल ब्रम्हचारी तू कन्या कुंवारी’ अउर ‘रानी चली ससुराल’ जइसन चर्चित भोजपुरी फिलिम बनाएवाला महेश पांडे अब आपन ‘सपूत’ लेके आवत बाड़न.

एह फिलिम के निर्देशक हउवें युवा फिल्मकार मुकेश पांडे. एह फिलिम ला महेश पांडे पहिला हाली खेसारीलाल यादव संगे काम कइले बाड़न. आदिशक्ति इंटरटेनमेंट के सहयोग से महेश पांडे अपना कंपनी मुंबाजी आर्ट्स के बैनर तले एकरा के बनवले बाड़न. फिलिम में दू गो नायक बाड़ें, खेसारीलाल यादव आ मनमोहन तिवारी.


(शशिकांत सिंह, रंजन सिन्हा)

0 Comments



अंजोरिया पर खोजीं -

आपन टिप्पणी, लेख, कहानी, कविता, विचार भेजे खातिर -

anjoria@rediffmail.com

अगर राउर रचना पहिला बेर आ रहल बा त आपन एगो रंगीन पासपोर्ट साइज फोटो साथ में जरूर डाल दीं.

Recent Posts

पाठक-पाठिकन के राय विचार प्रतिक्रिया..

🤖 अंजोरिया में ChatGPT के सहयोग

अंजोरिया पर कुछ तकनीकी, लेखन आ सुझाव में ChatGPT के मदद लिहल गइल बा – ई OpenAI के एगो उन्नत भाषा मॉडल ह, जवन विचार, अनुवाद, लेख-संरचना आ रचनात्मकता में मददगार साबित भइल बा।

🌐 ChatGPT से खुद बातचीत करीं – आ देखीं ई कइसे रउरो रचना में मदद कर सकेला।