‘सपेरा’ के शूटिंग शुरू

SaperaTeam
सपेरा शब्द सुनते दिमाग में एगो सीन घूमे लागेला. पिछुआ बान्हल धोती, हाफ बंडी, एक हाथ में लाठी, बीन आ एक हाथ में पिटारा. कुछ अइसने
भेष भूषा होला सपेरन के. देखते लोग के उत्सुकता बढ़ जाले आ लोग इंतजार करे लागेला कि कब पिटारा खुले आ बीन के धुन पर सांप नाचे.

हिन्दी सिनेमा से लगइले अनेके भाषा के फिलिमन में सपेरन पर फिलिम बन चुकल बा. अब एगो नया अंदाज में सुपर सिनेमा फिल्मस लेके आवत बा भोजपुरी फिलिम ‘सपेरा’. विरार के ब्रजेश्वरी के खूबसूरत आ दर्शनीय जगहन पर एकर शूटिंग होखत बा. निर्माता राजेश पटेल आ निर्देशक रमा शंकर हउवें. गीत प्यारे लाल यादव ‘कवि’ आ संजीत कुमार निर्मल के रचल ह आ संगीत अमन श्लोक के. हीरो हीरोइन के नचवले बाड़न मयंक अशोक आ कानू मुखर्जी.

मुख्य कलाकार में प्रिन्स राजपूत, रीतिका शर्मा, पालक तिवारी, मनमौजी, बृजेश त्रिपाठी, सुनीता सिंह, वैभव राय, सीमा सिंह, भूपेंद्र सिंह आ मास्टर कृष्णा पटेल बाड़न.


(रामचंद्र यादव)

0 Comments

आपन टिप्पणी, लेख, कहानी, कविता, विचार भेजे खातिर -

anjoria@rediffmail.com

अगर राउर रचना पहिला बेर आ रहल बा त आपन एगो रंगीन पासपोर्ट साइज फोटो साथ में जरूर डाल दीं.

Recent Posts

🤖 अंजोरिया में ChatGPT के सहयोग

अंजोरिया पर कुछ तकनीकी, लेखन आ सुझाव में ChatGPT के मदद लिहल गइल बा – ई OpenAI के एगो उन्नत भाषा मॉडल ह, जवन विचार, अनुवाद, लेख-संरचना आ रचनात्मकता में मददगार साबित भइल बा।

🌐 ChatGPT से खुद बातचीत करीं – आ देखीं ई कइसे रउरो रचना में मदद कर सकेला।