सफर अब रफ्तार ध लिहले बा – मनोज पांडेय

ManojPandeyछह फुट डेढ़इंचा गोरा चिट्टा सुपर स्मार्ट मनोज पर नज़र पड़ते रउरा बूझ जानी कि लड़िका हाई प्रोफाईल ह. लंबाई अइसन लमहर, चेहरा अइसन चनकदार, नजर अइसन तेज. मनोज पांडेय के परिचय देबे ला बहुत कुछ बतावे के जरूरत कबो ना रहल. अढ़ाईए साल में मनोज के छह गो में से पांच गो फिलिम हिट रहल आ भोजपुरी सिनेमा में एक्शन आ स्टारडम के एगो नया शेड, एगो नया ऊँचाई दे दिहलन मनोज पाण्डेय. जबले भोजपुरिया एह बात के समुझते तबलें हिन्दी फिल्मकारन के नज़र में समा चुकल रहलें मनोज.

विकास कांटेकर मनोज के अपना ’हाई प्रोफाईल’ ला हीरो चुन लिहलें. क्राईम ब्रांच के एगो तेज अघिकारी बनल मनोज पांडे कइसन कमाल कइलन एह ला त अबहीं इंतजार करे के पड़ी. बाकिर बतावल जात बा कि कुछ असली घटना पर बनल एह फिलिम में मनोज के एगो नया रूप देखे के मिली. आर. निषाद शिव देवनाथ के हिन्दी फिल्म ’ये कैसा प्यार’ खातिर मनोज के अनुबंधित कइलन आ करीब आधा फिलिम के शूटिंग हो चुकल बा. मनोज एह फिलिम में कॉलेजिया छात्र बनल लउकीहें जवन अचके में एगो संकट में पड़ जात बा. ओकरा बाद का होखत बा से त ना बतावल जा सके बाकिर बस मान लीं कि पूत के पांव पालना में लउकिए जाला. ऑस्कर के चाहत राखे वाला मनोज के अभिनय में ऊ दम बा जवन सभका के बरबस बान्ह ले ला, खींच लेला अपना ओरी. आ आखिर काहे ना खीँचे ! जे निर्देशन के सगरी बारीकि सिखले होखो ओकर अभिनय त आपन अभिनव असर छोड़बे करी. शाहरूख मिर्जा के एसोसियेट रहल मनोज बेस्ट भोजपुरी एक्टर के अवार्ड जीत चुकल बाड़ें. उनकर अगिला फिलिम ’बंजारा’ आवते बा.

मनोज के उनकर बड़ भाई राजकुमार पांडेय सिनेमा में उतरलें. ’दुश्मनी’, ’राजाजी’, ’सौगंध गंगा मईया’ में वाहवाही लूट चुकल मनोज पांडेय ’कईसन पियवा के चरित्तर बा’ आ ’मैं नागिन तू नगीना’ में ताली पिटवा लिहलें. ’लहरिया लूट ए राजाजी’ से शुरू भइल मनोज के सफर अब रफ्तार ध लिहले बा.


(संजयभूषण पटियाला)

0 Comments

🤖 अंजोरिया में ChatGPT के सहयोग

अंजोरिया पर कुछ तकनीकी, लेखन आ सुझाव में ChatGPT के मदद लिहल गइल बा – ई OpenAI के एगो उन्नत भाषा मॉडल ह, जवन विचार, अनुवाद, लेख-संरचना आ रचनात्मकता में मददगार साबित भइल बा।

🌐 ChatGPT से खुद बातचीत करीं – आ देखीं ई कइसे रउरो रचना में मदद कर सकेला।