सफल फिल्मन के हैट्रिक लगावे जा रहल बाड़े रामाकांत प्रसाद

भोजपुरी सिनेमा के सफलतम निर्माता के बात कइल जाव त रामाकान्त प्रसाद के नाम पहिला कतार में लिहल जाई. साल २००८ में लागल रहऽ ए राजाजी, साल २००९ में दिवाना जइसन ब्लाकबस्टर फिल्म दे के इन्डस्ट्री में नया जान फूंकेवाला निर्माता रामाकान्त प्रसाद के फिल्म दाग अगिला महीना मई में रिलीज होखे जा रहल बा. एह फिल्म से रामाकान्त प्रसाद के सफलता के तिकड़ी बने वाला बा.

भोजपुरी के किंगस्टार दिनेशलाल यादव निरहुआ आ नेपाली सुपर स्टार विराज भट्ट के शानदार अदायगी आ एक्शन के हैरतअंगेज दृश्य से सजल एह फिल्म के निर्देशनो रामाकांते प्रसाद कइले बाड़न जवन निर्देशन में उनकर पहिला फिल्म ह. बदला का भावना पर लिखल कहानी के एक्शन आ इमोशन का चासनी में डूबो के परोसे जा रहल रामाकांत प्रसाद के एह फिल्म में दिनेशलाल यादव के भूमिका एगो गायक के बा आ विराज भट्ट के भूमिका एगो मसलमैन के. निरहुआ के साथ दे रहल बाड़ी पाखी हेगडे आ स्वीटी छाबड़ा जबकि विराज का साथे बाड़ी स्वाति वर्मा. फिल्म में पाखी हेगडे के दुहरा भूमिका बा.

कुमारी माई मूवीज का बैनर में बनावल आ आदिशक्ति इन्टरप्राइजेज के एह प्रस्तुति के मुख्य कलाकारन में दिनेशलाल, पाखी हेगडे, विराज भट्ट स्वाति वर्मा के जोड़ी, स्वीटी छाबड़ा, संजय पांडे, एयाज खान, अनिल यादव, महेश राज, पुष्पा वर्मा, वंदनी मिश्रा, धामा वर्मा आ आयटम गर्ल सीमा सिंह बाड़ी. गाना विनय बिहारी आ प्यारेलाल यादव के बा, संगीत विनय बिहारी के, कहानी संतोष मिश्रा के, छायांकन रवि चंदन के, नृत्य निर्देशन कानू मुखर्जी के आ संपादन जीतेन्द्र सिहं जीतू के बा.

फिल्म मई में रिलीज होखे जा रहल बा.


(स्रोत : प्रशान्त निशान्त)

0 Comments

Recent Posts

🤖 अंजोरिया में ChatGPT के सहयोग

अंजोरिया पर कुछ तकनीकी, लेखन आ सुझाव में ChatGPT के मदद लिहल गइल बा – ई OpenAI के एगो उन्नत भाषा मॉडल ह, जवन विचार, अनुवाद, लेख-संरचना आ रचनात्मकता में मददगार साबित भइल बा।

🌐 ChatGPT से खुद बातचीत करीं – आ देखीं ई कइसे रउरो रचना में मदद कर सकेला।