सफल ‘लड़ाई’ का बाद कई एक फिलिम साईन कइलन विशाल तिवारी

VishalTiwariअपना अभिनय प्रतिभा से सिनेप्रेमियन के दिल में घर कर चुकल विशाल तिवारी अब दिन ब दिन एक से बढ़के एक मजगर किरदार निभावत आपन लोकप्रियता अउरी बढ़वले जात बाड़न.

‘लड़ाई’ फिलिम के मिलल सफलता के बाद निर्माता निर्देशकन के ध्यान विशाल तिवारी के अभिनय का ओर आकर्षित भइल बा. एह से विशाल अनेके फिलिम साइन कर लिहले बाड़न. एह में से ‘दिल तेरा आशिक’ फिलिम के मुहूर्त हालही में कइल गइल. एह फिलिम में विशाल तिवारी केंद्रीय भूमिका में बाड़न.

निर्देशक हउवन अतुल मिश्रा. एकर शूटिंग जल्दिए शुरू होखी. कुछेक अउरीओ फिलिमन के शूटिंग जल्दिए शुरू हो जाई आ विशाल बहुतेव्यस्त हो जइहें.

बिहार के बक्सर से आइल विशाल तिवारी बतौर फिल्म निर्माता ‘फूल बनल अंगार’ से भोजपुरी सिनेमा मे डेग धइले रहन. एही फिलिम में एगो छोटहन किरदारो कइले रहलन विशाल. एकरा बाद ‘भाई जी’ फिलिम से बाकायदा नायक बन गइलन आ सिनेप्रेमियन के पसंदीदा.


(रामचंद्र यादव)

0 Comments



अंजोरिया पर खोजीं -

आपन टिप्पणी, लेख, कहानी, कविता, विचार भेजे खातिर -

anjoria@rediffmail.com

अगर राउर रचना पहिला बेर आ रहल बा त आपन एगो रंगीन पासपोर्ट साइज फोटो साथ में जरूर डाल दीं.

Recent Posts

पाठक-पाठिकन के राय विचार प्रतिक्रिया..

🤖 अंजोरिया में ChatGPT के सहयोग

अंजोरिया पर कुछ तकनीकी, लेखन आ सुझाव में ChatGPT के मदद लिहल गइल बा – ई OpenAI के एगो उन्नत भाषा मॉडल ह, जवन विचार, अनुवाद, लेख-संरचना आ रचनात्मकता में मददगार साबित भइल बा।

🌐 ChatGPT से खुद बातचीत करीं – आ देखीं ई कइसे रउरो रचना में मदद कर सकेला।