सबले बड़का बैंक आ सबले बड़का नेटवर्क हाथ मिलवले

मुंबई 03 अगस्त (वार्ता). रिलायंस जियो अउर भारतीय स्टेट बैंक अपना ग्राहकन के अगिला दौर के खास डिजिटल बैंकिंग, भुगतान आ वाणिज्यिक सेवा मुहैया करावे खातिर साझेदारी क लिहलें.

बियफे का दिने काल्हु जियो का तरफ से एलान भइल बा कि ऊ स्टेट बैंक के ‘योनो’ प्लेटफॉर्म के अपना ‘माय जियो’ ऐप में शामिल कर ली जवना से जियो फोन का साथे अब योनो के सुविधो मिले लागी.
ओकर गाहक अब अपना बैंक स्टेट बैंक के योनो ऐप का जरिए आसानी से डिजिटल बैंकिंग कर पइहें.
एह साझेदारी से डिजिटल लेन-देन करे वाला गाहकन के कई तरह के फायदा होखी.
खास तौर पर स्टेट बैंक को डिजिटल ग्राहक के आधारो बढ़ी.

योनो एगो क्रांतिकारी ओमनी चैनल प्लेटफॉर्म ह जवन गाहकन के डिजिटल बैंकिंग, वाणिज्यिक आ वित्तीय सुपरस्टोर सेवा देबेला.
योनो के डिजिटल बैंकिंग सुविधा अउर समाधानन के सहज, समेकित अउऱ बेहतर गाहक अनुभव खातिर माय जियो ऐप का जरिए अउर बेहतर बनावल जाई.

एह मौका पर स्टेट बैंक के अध्यक्ष रजनीश कुमार कहलन कि, “डिजिटल बैंकिंग में नेतृत्व का साथे भारत के सबले बड़हन बैंक का रूप में, हमनी का दुनिया के सबले बड़का नेटवर्क जियो का साथे साझेदारी क के बहुते खुश बानी.
साझेदारी हर मामिला में दूनू साझेदारन ला फायदेमंद बा आ ऊ स्टेट बैंक के गाहकन के बेहतर अनुभव का साथे डिजिटल पहुंच बढ़ाई.

0 Comments

Recent Posts



अंजोरिया पर खोजीं -

आपन टिप्पणी, लेख, कहानी, कविता, विचार भेजे खातिर -

anjoria@rediffmail.com

अगर राउर रचना पहिला बेर आ रहल बा त आपन एगो रंगीन पासपोर्ट साइज फोटो साथ में जरूर डाल दीं.

पाठक-पाठिकन के राय विचार प्रतिक्रिया..