सब्सिडी वाला गैस सिलेंडर दू रुपिया त बिना सब्सिडी वाला 48 रुपिया महंग भइल


नयी दिल्ली, 01 जून (वार्ता) देश के तेल कंपनी रसोई गैस सिलेंडर के दाम बढ़ा दिहले बाड़ी सँ. सब्सिडी वाला गैस सिलेंडर पर दू रुपिया 34 पइसा के आ बिना सब्सिडी वाला सिलेंडर 48 रुपिया मंहग हो गइल बा.
एह बढ़ोतरी का बाद दिल्ली में आजु से सब्सिडी वाला सिलेंडर 2.34 रुपिया बढ़के 493.55 रुपिया आ बिना सब्सिडी वाला 48 रुपिया मंहग होके 698.50 रुपिया में मिलल करी.
कोलकाता में एहनी के दाम 496.65 अउर 723.50 रुपिया, मुंबई में 491.31 अउऱ 671.50 रुपिया आ चेन्नई में 481.84 अउर 712.50 रुपिया हो गइल बा.
एक बरीस में 12 गो सिलेंडर सब्सिडी पर मिलेला आ ओकरा बाद के सिलेंडर बिना सबसिडी के लेबे के पड़ेला. कई लाख लोग आपन सबसिडी खुदे छोड़ दिहले बाड़ें.
ई बढ़ोतरी सब्सिडी वाला सिलेंडर ला दू महीना बाद आ बिना सब्सिडी वाला पर पांच महीना बाद कइल गइल बा.

0 Comments

आपन टिप्पणी, लेख, कहानी, कविता, विचार भेजे खातिर -

anjoria@rediffmail.com

अगर राउर रचना पहिला बेर आ रहल बा त आपन एगो रंगीन पासपोर्ट साइज फोटो साथ में जरूर डाल दीं.

Recent Posts

🤖 अंजोरिया में ChatGPT के सहयोग

अंजोरिया पर कुछ तकनीकी, लेखन आ सुझाव में ChatGPT के मदद लिहल गइल बा – ई OpenAI के एगो उन्नत भाषा मॉडल ह, जवन विचार, अनुवाद, लेख-संरचना आ रचनात्मकता में मददगार साबित भइल बा।

🌐 ChatGPT से खुद बातचीत करीं – आ देखीं ई कइसे रउरो रचना में मदद कर सकेला।