समाचार पत्र अभिकर्ता के हत्या

जौनपुर जिला के शहर कोतवाली का मछरहट्टा मुहल्ला में काल्हु देर रात पचपन साल के एगो समाचार पत्र अभिकर्ता राज नरायन उर्फ रज्जन पाठक के नौकर उनकर हत्या कर के भाग निकलले. सबेरे जब ड्राइवर उनका कमरा का लगे गइल त देखलसि कि ऊ बेड पर खून में लथेर पड़ल बाड़न आ दुनु नौकर फरार बाड़े सँ.

खबर पवते पुलिस अधीक्षक हैप्पी गुप्तन, अपर पुलिस अधीक्षक नगर डा. श्रीपति मिश्र समेत अनेके अधिकारी मौका पर पहुंच गइलें. डांग स्क्वायड बोला के लगावल गइल. मृतक के परिवार वाले नौकरने पर शक जतावत बाड़ें.
(वार्ता)

0 Comments

आपन टिप्पणी, लेख, कहानी, कविता, विचार भेजे खातिर -

anjoria@rediffmail.com

अगर राउर रचना पहिला बेर आ रहल बा त आपन एगो रंगीन पासपोर्ट साइज फोटो साथ में जरूर डाल दीं.

Recent Posts

🤖 अंजोरिया में ChatGPT के सहयोग

अंजोरिया पर कुछ तकनीकी, लेखन आ सुझाव में ChatGPT के मदद लिहल गइल बा – ई OpenAI के एगो उन्नत भाषा मॉडल ह, जवन विचार, अनुवाद, लेख-संरचना आ रचनात्मकता में मददगार साबित भइल बा।

🌐 ChatGPT से खुद बातचीत करीं – आ देखीं ई कइसे रउरो रचना में मदद कर सकेला।