समाजवादियन के समय ना मिलल जेपी खातिर

एक जमाना रहल जब जेपी जयंती पर उनुका गाँव में नेतवन के मेला लाग जात रहुवे बाकिर अब लोग भुलाए लागल बा जेपी के. इहाँ ले कि कवनो समाजवादी नेता के समय ना मिलल कि सिताबदियारा आ के जेपी के गाँव में उनका के याद कर लीत. हँ जेपी का नाम पर लखनऊ में कुछ कार्यक्रम जरूर कर लिहल गइल. सिताबदियारा के कार्यक्रम बिहार के भाजपा नेता चलवलें. बिहार भाजपा अध्यक्ष डा॰ सी॰पी॰ ठाकुर आ उपमुख्यमंत्री सुशील कुमार मोदी सिताबदियारा आ के जेपी के श्रद्धांजलि दिहलें. कहल लोग कि अगिला साल से एह दिन के जेपी महोत्सव का रूप में मनावल जाई.

0 Comments

Recent Posts



अंजोरिया पर खोजीं -

आपन टिप्पणी, लेख, कहानी, कविता, विचार भेजे खातिर -

anjoria@rediffmail.com

अगर राउर रचना पहिला बेर आ रहल बा त आपन एगो रंगीन पासपोर्ट साइज फोटो साथ में जरूर डाल दीं.

पाठक-पाठिकन के राय विचार प्रतिक्रिया..