समाज के लहकत समस्या पर बनल फिलिम लखैरा

तीन गो लखैरा दोस्तन पर बनल फिलिम “लखैरा” जल्दिए रिलीज कइल जाई. गाँव के लोग एह लखैरन के तनिको पसंद ना करे बाकिर ई तीनो लखैरा गाँव के लोगन पर होखत अन्याय आ अत्याचार से लड़े के मौका देखत रहेलें. बाद में जब बदमाशन के अत से एकनी के गाँव छोड़े के पड़त बा त तीनो तय करत बाड़ें कि एक दिन लवटीहें जरूर आ गाँव के एह बदमाशन का चंगुल से छोड़ा के रहींहे. जब बाद में तीनो आपन मकसद पूरा करत बाड़ें त गाँव के लोगन के नजरिया बदल जात बा एकनी का बारे में.

सुकृत फिल्म्स आ जन एकता फिल्म्स के “लखैरा” के डबिंग के काम पिछला दिने अंधेरी के दीक्षा स्टूडियो में पूरा कर लिहल गइल. निर्माता कृष्णा यादव के एह फिल्म के निर्देशन संजय सिन्हा कइले बाड़न. सामाजिक सरोकारन पर बनल एह फिलिम के कहानी चुनमुन पंडित के लिखल ह, संगीत अभिजीट झा दिहले बाड़न. गीतकार हउवन मोहम्मद जहरुद्दीन बेग आ अरविंद तिवारी के, अउर मारधाड़ निर्दैशन सिंह इज किंग के ह. नृत्य निर्देशन केदार सुब्बा आ कैमरा संचालन सानू सिन्हा के ह.

मुख्य कलाकारन में मनोज दाव, कल्पना शाह, सुबोध सेठ, आलोक यादव, निरुपमा श्री, तेज, रीमा सिहं, मास्टर चंदन आ तबीस आ आइटम गर्ल सपना आ ईशा पटेल.


(समरजीत)

0 Comments



अंजोरिया पर खोजीं -

आपन टिप्पणी, लेख, कहानी, कविता, विचार भेजे खातिर -

anjoria@rediffmail.com

अगर राउर रचना पहिला बेर आ रहल बा त आपन एगो रंगीन पासपोर्ट साइज फोटो साथ में जरूर डाल दीं.

Recent Posts

🤖 अंजोरिया में ChatGPT के सहयोग

अंजोरिया पर कुछ तकनीकी, लेखन आ सुझाव में ChatGPT के मदद लिहल गइल बा – ई OpenAI के एगो उन्नत भाषा मॉडल ह, जवन विचार, अनुवाद, लेख-संरचना आ रचनात्मकता में मददगार साबित भइल बा।

🌐 ChatGPT से खुद बातचीत करीं – आ देखीं ई कइसे रउरो रचना में मदद कर सकेला।