सरकारी अनाज के कालाबाजारी करे के आरोपी कैदी के बलिया जेल में मौत


बलिया 20 जून (वार्ता). उत्तर प्रदेश के बलिया जिला के जिला जेल में बुध का दिने एगो वीचाराधीन कैदी के मौत हो गइल.
जेल अधीक्षक प्रशांत मौर्य बतवलें कि सहतवार इलाका के डुमरिया गांव के कोटेदार रामजी पाण्डेय 17 मई से जिला जेल में बंद रहुवे. ओकरा पर सरकारी अनाज के कालाबाजारी करे के मुकदमा दर्ज रहुवे. मंगल का दिने रामजी के तबियत अचके बिगड़ गईल जवना का बाद ओकरा के जेल अस्पताल में भर्ती कइल गइल. बुध का दिने जब हालत अउरी खराब होखे लागल त बेहोशी का हालत में जिला अस्पताल ले जाइल गइल. ओहिजा डाक्टर रामजी पाण्डेय के मरल बता दिहलें.
लाश पोस्टमार्टम खातिर भेजल गइल बा.

0 Comments



अंजोरिया पर खोजीं -

आपन टिप्पणी, लेख, कहानी, कविता, विचार भेजे खातिर -

anjoria@rediffmail.com

अगर राउर रचना पहिला बेर आ रहल बा त आपन एगो रंगीन पासपोर्ट साइज फोटो साथ में जरूर डाल दीं.

Recent Posts

पाठक-पाठिकन के राय विचार प्रतिक्रिया..

🤖 अंजोरिया में ChatGPT के सहयोग

अंजोरिया पर कुछ तकनीकी, लेखन आ सुझाव में ChatGPT के मदद लिहल गइल बा – ई OpenAI के एगो उन्नत भाषा मॉडल ह, जवन विचार, अनुवाद, लेख-संरचना आ रचनात्मकता में मददगार साबित भइल बा।

🌐 ChatGPT से खुद बातचीत करीं – आ देखीं ई कइसे रउरो रचना में मदद कर सकेला।