सरकारी अफसर पर मरद छीने के आरोप

जीवन बीमा निगम के शाखा प्रबन्धक रहल अर्पणा त्रिपाठी एगो महिला अधिकारी का खिलाफ शिकायत कइले बाड़ी कि ऊ उनका पति के छीन लिहले बिया आ उनका संगे मंदिर में शादी कर के अपना संगे राख लिहले बिया. अर्पणा के सबले बड़का दुख एह बाति के बा कि जवना मरद के अपना तनखाह से पढ़वली लिखवली उहे धोखा दे दिहलसि. बतावत बाड़ी कि शादी का बाद उनुका से नौकरीओ छोड़वा दिहलसि अर्पणा अपना पति आ ओह महिला अधिकारी का खिलाफ पश्चिम बंगाल के मेदनी कोर्ट में केस दर्ज करवली त उनुका खिलाफ छपरा के नगर थाना में मुकदमा चढ़ा दिहल गइल.

0 Comments

🤖 अंजोरिया में ChatGPT के सहयोग

अंजोरिया पर कुछ तकनीकी, लेखन आ सुझाव में ChatGPT के मदद लिहल गइल बा – ई OpenAI के एगो उन्नत भाषा मॉडल ह, जवन विचार, अनुवाद, लेख-संरचना आ रचनात्मकता में मददगार साबित भइल बा।

🌐 ChatGPT से खुद बातचीत करीं – आ देखीं ई कइसे रउरो रचना में मदद कर सकेला।