सरकारी बाल संरक्षण गृह के मोआइना जिलाधिकारी कइलन

बलिया। निधरिया गांव में बनल राजकीय बाल संरक्षण गृह (बालिका) के अचके जांच खातिर बलिया के जिलाधिकारी सत्यनारायण श्रीवास्तव जी अतवार के दिने पहुंचि गउवन। उहां जा के उ प्रभारी अधीक्षिका विमला सिंह के कुलिह जानकारी लीहुवन आ उहवां रहे वाली 36 गो लइकियन के भोजन, नाश्ता के बारे मेें पुछुवन। ए बालगृह में बसंतपुर के एगो लइकी अइसनो बे जेवना पर 302 के मुकदिमा चलत बा। ओकरा से एहि बारे में जानकारी लिहला पर उ अपना के निरदोस बतउवे। कमरन के जंगलन के शीशा आ लोहा जेवन टूटल रहुवन स ओके ठीक करावे के कहुवन आ बिजलियो बत्ती के ठीक करे के निर्देश दीहुवन। दूनो बेरा सफार्इ करे खातिर कहुवन। एहि घरी एहि केन्द्र के सभ कर्मचारी हाजिर रहुए लोग।

0 Comments



अंजोरिया पर खोजीं -

आपन टिप्पणी, लेख, कहानी, कविता, विचार भेजे खातिर -

anjoria@rediffmail.com

अगर राउर रचना पहिला बेर आ रहल बा त आपन एगो रंगीन पासपोर्ट साइज फोटो साथ में जरूर डाल दीं.

Recent Posts

पाठक-पाठिकन के राय विचार प्रतिक्रिया..

🤖 अंजोरिया में ChatGPT के सहयोग

अंजोरिया पर कुछ तकनीकी, लेखन आ सुझाव में ChatGPT के मदद लिहल गइल बा – ई OpenAI के एगो उन्नत भाषा मॉडल ह, जवन विचार, अनुवाद, लेख-संरचना आ रचनात्मकता में मददगार साबित भइल बा।

🌐 ChatGPT से खुद बातचीत करीं – आ देखीं ई कइसे रउरो रचना में मदद कर सकेला।