सरकार आपन जिद्द छोड़े के तइयार, अन्ना के रामलीला मैदान में अनशन करे के अनुमति दी

बतावल जा रहल बा कि दिल्ली पुलिस आ अन्ना हजारे के समूह का बीच एह स्टेलमेट से निकले के राह खोजल जा रहल बा. अन्ना जिदियाइल बाड़े कि जबले उनुका अनिश्चितकालीन अनशन के अनुमति ना मिल जाई तबले ऊ हिलिहे ना. ओने प्रशासन अब एह बाति ला तइयार हो गइल बा कि अन्ना हजारे के रामलीला मैदान में पाँच दिन के अनशन करे के अनुमति दे दिहल जाव. चूंकि ऊ जगहा बड़ बा एहसे लोग भा वाहन के संख्या पर कवनो सीमा ना लगावल जाई. पहिले जेपी पार्क में सात दिन के अनुमति देबे के बात चलल रहे बाकिर ओहिजा जगह के किल्लत से बेसी भीड़ के अनुमति ना दिहल जा सके.

अबही कुछ अन्तिम रूप से तय नइखे भइल आ बातचीत हो रहल बा.

0 Comments

Recent Posts



अंजोरिया पर खोजीं -

आपन टिप्पणी, लेख, कहानी, कविता, विचार भेजे खातिर -

anjoria@rediffmail.com

अगर राउर रचना पहिला बेर आ रहल बा त आपन एगो रंगीन पासपोर्ट साइज फोटो साथ में जरूर डाल दीं.

पाठक-पाठिकन के राय विचार प्रतिक्रिया..