सरकार आपन जिद्द छोड़े के तइयार, अन्ना के रामलीला मैदान में अनशन करे के अनुमति दी

बतावल जा रहल बा कि दिल्ली पुलिस आ अन्ना हजारे के समूह का बीच एह स्टेलमेट से निकले के राह खोजल जा रहल बा. अन्ना जिदियाइल बाड़े कि जबले उनुका अनिश्चितकालीन अनशन के अनुमति ना मिल जाई तबले ऊ हिलिहे ना. ओने प्रशासन अब एह बाति ला तइयार हो गइल बा कि अन्ना हजारे के रामलीला मैदान में पाँच दिन के अनशन करे के अनुमति दे दिहल जाव. चूंकि ऊ जगहा बड़ बा एहसे लोग भा वाहन के संख्या पर कवनो सीमा ना लगावल जाई. पहिले जेपी पार्क में सात दिन के अनुमति देबे के बात चलल रहे बाकिर ओहिजा जगह के किल्लत से बेसी भीड़ के अनुमति ना दिहल जा सके.

अबही कुछ अन्तिम रूप से तय नइखे भइल आ बातचीत हो रहल बा.

0 Comments

🤖 अंजोरिया में ChatGPT के सहयोग

अंजोरिया पर कुछ तकनीकी, लेखन आ सुझाव में ChatGPT के मदद लिहल गइल बा – ई OpenAI के एगो उन्नत भाषा मॉडल ह, जवन विचार, अनुवाद, लेख-संरचना आ रचनात्मकता में मददगार साबित भइल बा।

🌐 ChatGPT से खुद बातचीत करीं – आ देखीं ई कइसे रउरो रचना में मदद कर सकेला।