सरकार पहिलहीं से लागल बिया भठियरपन का खिलाफ

केन्द्रीय वित्त मंत्री प्रणव मुखर्जी के कहना बा कि केन्द्र सरकार जनवरिये से भठियरपन का खिलाफ कार्रवाई में लागल बिया. सिविल सोसाइटी के लोग त अप्रेल में आन्दोलन शुरु कइल. कहलन कि अगर अन्ना के आपन ड्राफ्ट सबले बढ़िया लागत बा त उनुका चाहीं कि अपना समर्थक पार्टियन के ओकरा पर तइयार करवावसु आ ओकरा के संसद से पास करवावे के कोशिश करसु.

प्रणव मुखर्जी कहलन कि प्रधानमंत्री के लोकपाल का दायरा में ले आवल सरकार के स्थायित्व पर हमेशा खातिर खतरा बना दी आ ओह हालत मे सरकार के सही तरीका से चलावल मुश्किल हो जाई.

0 Comments

Recent Posts



अंजोरिया पर खोजीं -

आपन टिप्पणी, लेख, कहानी, कविता, विचार भेजे खातिर -

anjoria@rediffmail.com

अगर राउर रचना पहिला बेर आ रहल बा त आपन एगो रंगीन पासपोर्ट साइज फोटो साथ में जरूर डाल दीं.

पाठक-पाठिकन के राय विचार प्रतिक्रिया..