‘सरफिरा’ बन गइले शिवम तिवारी

shivamभोजपुरी सिनेमा के ही मैन कहल जाए वाला अभिनेता शिवम तिवारी अब ‘सरफिरा’ बनल नजर आवे वाला बाड़न. हाल ही में ऊ एगो भोजपुरी फिलिम ‘सरफिरा’ साइन कइलन जवना में ऊ माथ भूमिका करीहें.

न्यू इंदिरा एंटरटेनमेंट के बैनर तले बने जात एह फिलिम के निर्माता नरेन्द्र सिंह, निर्देशक मिथिलेश अविनाश, संगीतकार छोटे बाबा आ गीतकार अशोक सिन्हा हउवें. हाल ही में एह फिलिम के म्यूजिकल लांचिंग मुम्बई के एम फोर यू स्टूडियो में भइल.

एहसे पहिले शिवम तिवारी के ‘फौजी’ बॉक्स ऑफिस पर हंगामा मचा चुकल बिया आ एह घरी ऊ ‘घुस के मारब’ में लागल बाड़ें.


(समरजीत)

0 Comments

🤖 अंजोरिया में ChatGPT के सहयोग

अंजोरिया पर कुछ तकनीकी, लेखन आ सुझाव में ChatGPT के मदद लिहल गइल बा – ई OpenAI के एगो उन्नत भाषा मॉडल ह, जवन विचार, अनुवाद, लेख-संरचना आ रचनात्मकता में मददगार साबित भइल बा।

🌐 ChatGPT से खुद बातचीत करीं – आ देखीं ई कइसे रउरो रचना में मदद कर सकेला।