सरयू राय अब बिहारो राजनीति में फच्चर फँसइहें

झारखंड में भाजपा के हरवावे वाला सरयू राय अब बिहारो का राजनीति में फच्चर फँसइहें. बिहार के भोजपुर के मूल निवासी आ अब जमशेदपुर में डेरा जमवले सरयू राय के गोल भारतीय जनता मोर्चा बिहारो चुनाव में आपन प्रत्याशी उतारी. भाजमो के केंद्रीय अध्यक्ष धर्मेंद्र तिवारी शुक का दिने अपना गोल के पहिलका उमीदवार के एलान करत कहलन कि ब्रह्मपुर विधानसभा सीट से रमेश कुमार लड़ीहें.
साकची में अपना पार्टी कार्यालय में मीडिया के संबोधित करत धर्मेन्द्र तिवारी कहलन कि जहाँ नीमन उमीदवार भेंटइहें ओहिजा से उनुका के उतारल जाई चुनाव मैदान में.
जान जाईं कि बरीस 2019 में भइल झारखंड विधानसभा के चुनाव में भाजपा से बगावत क के सरयू राय ओह घरी मुख्यमंत्री रघुवर दास का खिलाफ चुनाव चड़लें आ जीतियो गइलें. एह साल जनवरी में सरयू राय आपन अलगा संगठन बनवलें. पहिले एकर नाम भारतीय जनमोर्चा राखल रहे बाकिर चुनाव आयोग में पंजीयन ना मिलल त अब भारतीय जनता मोर्चा क दीहल गइल बा.

0 Comments

Submit a Comment

Your email address will not be published. Required fields are marked *