सराहल जात बा पाखी के अदाकारी

सिनेमा भोजपुरी के न॰ 1 अदाकारा पाखी हेगड़े हालही में रिलीज अभय सिन्हा के बनावल फिलिम ‘बिदेसिया’ में अपना किरदार खातिर सराहल जात बाड़ी. एह फिलिम में पाखी एगो कॉलगर्ल के किरदार निभवले बाड़ी जेकरा प्रेम में बिदेसिया फस गइल बा. फिल्म में नारी के ऊ मजबूरी देखावल गइल बा जवना चलते ऊ गलत काम करे खातिर कबो कबो मजबूर हो जाले. पाखी के एह भूमिका के औरतन से खूबे तारीफ मिलत बा.

एहसे पहिले पाखी ‘निरहुआ रिक्शावाला’, ‘दाग’, औलाद, आ संतान में निभावल अपना किरदारो खातिर सराहल गइल रही आ जल्दिये ऊ ‘गंगा देवी’ फिलिमो में आपन शानदार अदायगी देखइहें.


(प्रशांत निशांत के रपट)

0 Comments

Recent Posts



अंजोरिया पर खोजीं -

आपन टिप्पणी, लेख, कहानी, कविता, विचार भेजे खातिर -

anjoria@rediffmail.com

अगर राउर रचना पहिला बेर आ रहल बा त आपन एगो रंगीन पासपोर्ट साइज फोटो साथ में जरूर डाल दीं.

पाठक-पाठिकन के राय विचार प्रतिक्रिया..