सर्वेश सिंह सीपू के विधवा धरना पर बइठे के चेतावनी दिहली

आजमगढ़ जिला में विधायक रहल सर्वेश सिंह सीपू के हत्या के जाँच सीबीआई अबले शुरू नइखे कइले. एह पर सपा सरकार के दोषी बतावत सर्वेश सिंह सीपू के विधवा परिवार समेत धरना पर बइठे के चेतावनी दिहले बाड़ी. सीपू के पत्नी वंदना सिंह एह अनदेखी से बहुते दुखी बाड़ी. उनकर कहना बा कि सपा का चलते अबही ले एह हत्याकांड के जाँच शुरू नइखे भइल काहे कि केन्द्र सरकार सपा का सहारे जिंदा बिया आ सपा नइखे चाहत कि एह हत्या का पीछे के कारण के खुलासा होखे.

0 Comments

Recent Posts

🤖 अंजोरिया में ChatGPT के सहयोग

अंजोरिया पर कुछ तकनीकी, लेखन आ सुझाव में ChatGPT के मदद लिहल गइल बा – ई OpenAI के एगो उन्नत भाषा मॉडल ह, जवन विचार, अनुवाद, लेख-संरचना आ रचनात्मकता में मददगार साबित भइल बा।

🌐 ChatGPT से खुद बातचीत करीं – आ देखीं ई कइसे रउरो रचना में मदद कर सकेला।