सर अनिरुध जगनाथ के वापसी

SirAneroodJugnauth
पिछला 10 दिसंबर का दिने भइल मारीशस के चुनाव में ल’एलाएन्स लेपेप के दू तिहाई बहुमत मिलल बा. एह गठबन्हन में मारीशस के तीन गो पार्टी शामिल बाड़ी सँ. हटेवाला प्रधानमंत्री नवीनचन्द्र रामगुलाम के पार्टी के नेतृत्व वाला गठबन्हन के महज 13 सीट पर संतोष करे के पड़ल बा जबकि रामगुलाम के सपना रहुवे मारीशस के राष्ट्रपति बने के. जनता के नाराजगी अइसन रहल कि खुद नवीनचंद्र रामगुलाम चुनाव हार गइलन.

एह चुनाव में मारीशस के 74 फीसदी लोग वोट डाले निकलल रहुवे. आ लोकतंत्र के अनुभव बतावेला कि जब जब अधिका वोट होला तब तब सरकार बदले के उमेद बढ़ जाला. अबकियो उहे भइल बा. शहरी आ देहाती दुनू इलाका में नवीनचंद्र रामगुलाम के गठबन्हन के हार के मुँह देखे के पड़ल बा.

नवीनचंद्र रामगुलाम के नेतृत्व वाला गठबन्हन में शामिल लेबर पार्टी आ मॉरिशियन मिलिटेंस मूवमेंट के बीच कुछ दिन पहिले ले बड़हन मनभेद रहुवे आ चुनाव जीते का लालसा में बनल एह बेमेल गठबन्हन के जनता का, दुनू गोलन के कार्यकर्तो पचा ना पवले. लेबर पार्टी के समर्थकन का बीच अधिका नाराजगी रहुवे.

चुनावी जोड़तोड़ के मिलल एह बड़हन हार का बाद मारीशस अब एगो नया आशा ले के देखत बा. एक बात त तय हो गइल कि मारीशस के राजनीति अब ओह तरह से ना चलावल जा सकी जइसे चलावल जात रहल ह. मतदाता के टेकेन फार ग्रान्टेड माने वाला लोग के बाद में पछताए के पड़ी.

हार के एगो अउर बड़ कारण रहल संविधान बदले के कोशिश जवन मारीशस खातिर बहुते नुकसानदेह हो सकेला. आ चुनाव के परिणाम बता दिहलसि कि लोग एह तरह के बदलास सकारे ला तइयार नइखे.

चुनाव परिणाम देखत राष्ट्रपति कैलाश प्रयाग पहिले मारीशस के राष्ट्रपति आ प्रधानमंत्री रह चुकल सर अनिरुध जगनाथ के सरकार बनावे के नेवता दे दिहले. सर जगनाथ के गठबन्हन 62 सीट के राष्ट्रीय संसद में 47 सीट जीतले बिया.

सर जगनाथ 1982 से 1995 ले आ फेरू 2000 से 2003 ले प्रधानमंत्री रहलन. सर अनिरुध जगनाथ मारीशस के राष्ट्रपति, प्रधानमंत्री, आ नेता विपक्ष रह चुकल बाड़न.

0 Comments

आपन टिप्पणी, लेख, कहानी, कविता, विचार भेजे खातिर -

anjoria@rediffmail.com

अगर राउर रचना पहिला बेर आ रहल बा त आपन एगो रंगीन पासपोर्ट साइज फोटो साथ में जरूर डाल दीं.

Recent Posts

🤖 अंजोरिया में ChatGPT के सहयोग

अंजोरिया पर कुछ तकनीकी, लेखन आ सुझाव में ChatGPT के मदद लिहल गइल बा – ई OpenAI के एगो उन्नत भाषा मॉडल ह, जवन विचार, अनुवाद, लेख-संरचना आ रचनात्मकता में मददगार साबित भइल बा।

🌐 ChatGPT से खुद बातचीत करीं – आ देखीं ई कइसे रउरो रचना में मदद कर सकेला।