सलमानो मानेले कि मनोज तिवारी भोजपुरी के सबले बड़ सुपर स्टार

कलर्स टीवी चैनल पर देखावल जा रहल रियलिटी शो बिग बॉस सीजन ४ में एगो प्रतिभागी का तौर पर मनोज तिवारी के स्वागत करत सलमान कहले कि आप भोजपुरी के सबसे बड़े सुपर स्टार हो और मुझे आपकी लोकप्रियता से जलन होती है. जवना घरी सलमान खान मनोज तिवारी का स्वागत में ई बात कहत रहले तवना घरी हजारो के तादाद में मौजूद दर्शकन के ताली गड़गड़ात रहे. स्टेज पर बिग बॉस के पूर्व प्रतिभागी रह चुकल रविकिशन, राजू श्रीवास्तव, बिंदू दारा सिंह, आ संभावना सेठ मौजूद रहेलोग.

बिग बॉस सीजन ४ के चौदह प्रतिभागियन में मनोज तिवारी के खास आकर्षण बा. शो में इंट्री मारत मनोज तिवारी के अंदाज ठेठ भोजपुरिया रहे आ ऊ भोजपुरियन का आन बान शान में दबंग भरल गीत “नाम सुने त दुनिया मौन, हमही है भोजपुरिया डॉन” सुना के आपन जोरदार शुरुआत कइलन. सलमान उनका के कई बेर अँकवारी भरलन आ एक बेर त उनका संगे डांसो कइलन. घर में घुसे वाला ऊ चौदहवा प्रतिभागी रहले आ भीतर जाते पहिले से मौजू सगरी प्रतिभागी खुशी से चहक उठलन.

एह हिन्दी रियलिटी शो का माध्यमो से मनोज तिवारी के एके कोशिश बा कि भोजपुरी भाषा आ संस्कृति के प्रोमोट कइल जाव.

स्रोत शशिकान्त सिंह

2 Comments

  1. ashish kumar

    dear Sir,

    Greetings of the day/!!!

Recent Posts

🤖 अंजोरिया में ChatGPT के सहयोग

अंजोरिया पर कुछ तकनीकी, लेखन आ सुझाव में ChatGPT के मदद लिहल गइल बा – ई OpenAI के एगो उन्नत भाषा मॉडल ह, जवन विचार, अनुवाद, लेख-संरचना आ रचनात्मकता में मददगार साबित भइल बा।

🌐 ChatGPT से खुद बातचीत करीं – आ देखीं ई कइसे रउरो रचना में मदद कर सकेला।