सलमान खान के भइल पांच बरीस के जेल


जयपुर 05अप्रैल (वार्ता). राजस्थान में जोधपुर के स्थानीय अदालत बहुचर्चित कांकाणी हिरण शिकार मामले में सलमान खान के दोषी मानत उनुका के पाँच बरीस के जेल आ दस हजार रुपिया जुर्माना के सजा सुनवलसि.
मुख्य न्यायिक मजिस्ट्रेट (ग्रामीण) देव कुमार खत्री के अदालत सलमान खान के वन्य जीव संरक्षण अधिनियम के धारा 9/51 का तहत दोषी मानत ई सजा सुनवलसि. एकरा बाद सलमान के पुलिस वाहन से जोधपुर के केंद्रीय जेल भेज दीहल गइल.
फैसला सुनावते अदालत में सन्नाटा छा गइल आ अदालत में मौजूद सलमान के परिवार के लोग मायूस हो गइल आ उऩुकर दुनु बहिन रोवे लगली. सजा ला सुनवाई का दौरान सलमान के वकील हस्तीमल सारस्वत अदालत से निहोरा कइलन कि सलमान नीक इंसान हउवन एहसे उनुका के कम से कम सजा दीहल जा.. एकरा उलट सरकारी अधिवक्ता सलमान के आदतन अपराधी बतावल कड़ेर से कड़ेर सजा देबे के गोहार लगवलें.
सलमान के जमानत करावे ला उनुकर वकील सेशन कोर्ट से आजुए सुनवाई करे के निहोरा कइलन बाकिर कोर्ट काल्हु सुनवाई करे के बाति कहलसि आ अब कम से कम एक राति सलमान के जेल में बितावहीं के पड़ी.

0 Comments



अंजोरिया पर खोजीं -

आपन टिप्पणी, लेख, कहानी, कविता, विचार भेजे खातिर -

anjoria@rediffmail.com

अगर राउर रचना पहिला बेर आ रहल बा त आपन एगो रंगीन पासपोर्ट साइज फोटो साथ में जरूर डाल दीं.

Recent Posts

पाठक-पाठिकन के राय विचार प्रतिक्रिया..

🤖 अंजोरिया में ChatGPT के सहयोग

अंजोरिया पर कुछ तकनीकी, लेखन आ सुझाव में ChatGPT के मदद लिहल गइल बा – ई OpenAI के एगो उन्नत भाषा मॉडल ह, जवन विचार, अनुवाद, लेख-संरचना आ रचनात्मकता में मददगार साबित भइल बा।

🌐 ChatGPT से खुद बातचीत करीं – आ देखीं ई कइसे रउरो रचना में मदद कर सकेला।