ससुरो कब्बो दामाद रहल

छोटका परदा पर जहाँ सास पतोह आपन कमाल देखावत बा लोग त भोजपुरिया परदा पर ससुर- दामाद आपन कमाल देखावे जा रहल बाड़े. शिव बम पिक्चर्स का बैनर में निर्माता शिव कुमार एस. गुप्ता आ निर्देशक शैलेश श्रीवास्तव के फिलिम ससुरो कब्बो दामाद रहल में ससुर दामाद के नोक झोक के रोमांचक पहलू उजागर कइल गइल बा.

दामाद का भूमिका में बाड़े मशहूर गायक अभिनेता गुड्डू रंगीला जबकि ससुर का भूमिका में आनंद मोहन . गुड्डू के प्रेमिका आ बाद में पत्नी का भूमिका में बाड़ी संगीता तिवारी. फिल्म में शक्ति कपूरो एगो अहम भूमिका में बाड़े जे एगो नौटंकी के मैनेजर बनल बाड़न. फिल्म में पूनम सागर, ज़फर खान, राजन मोदी, शिवकुमार एस. गुप्ता, मोतीलाल यादव, कोमल आर्य, आ शेला खान के किरदार अहम बाड़ी सँ.

ससुरो कब्बो दामाद में तीन गो आइटम नंबर बा जवना के सीमा सिंह आ पूनम गौतम पर फिल्मावल गइल बा. निर्माता शिव कुमार एस. गुप्ता के कहना बा कि ससुरो कब्बो दामाद रहल पूरा तरह से मसाला फिल्म हवे जवना में मनोरंजन के हर रंग भराइल बा. गुड्डू रंगीला के भूमिका अइसन दामाद के बा जे अपना ससुर के आँख खोलवावे खातिर उनुका के परेशान कइले रहेला. आ बाद में ई समुझावे में सफल हो जात बा कि अच्छाई का राहे पर चल के इंसान अपना मंजिल के पा सकेला.

अमन श्लोक का संगीत से सजल एह फिल्म के गीतकार अशोक शिवपुरी, अमरेन्द्र अर्पण आ अरविन्द तिवारी हउवे. फिल्म के सह निर्माता राजेश जायसवाल आ जलधारी यादव हउवे. कहानी आ संवाद विनोद मिश्रा लिखले बाड़न, कोरियो ग्राफर भूपी अउर ज्ञान सिंह बाड़े. छायांकन जयंतो घोष के बा आ कार्यकारी निर्माता ज़फर खान हउवे. फिलहाल फिल्म के पोस्ट प्रोडक्शन के काम लागल बा आ दुर्गापूजा पर फिल्म दर्शकन का सोझा आई.


(स्रोत – उदय भगत)

0 Comments

🤖 अंजोरिया में ChatGPT के सहयोग

अंजोरिया पर कुछ तकनीकी, लेखन आ सुझाव में ChatGPT के मदद लिहल गइल बा – ई OpenAI के एगो उन्नत भाषा मॉडल ह, जवन विचार, अनुवाद, लेख-संरचना आ रचनात्मकता में मददगार साबित भइल बा।

🌐 ChatGPT से खुद बातचीत करीं – आ देखीं ई कइसे रउरो रचना में मदद कर सकेला।