स्मृति सिन्हा के धमाल
-

भोजपुरिया सिनेमा का परदा पर आजुकाल अभिनेत्री स्मृति सिन्हा के धमाल चलत बा. ‘‘रंगीला बाबू’’ से भोजपुरी फिल्मन में अभिनय के शुरूआत करे वाली स्मृति सिन्हा अपना हालिया रिलीज फिल्म ‘‘साजन चले ससुराल’’ के लेके खासा चरचा में बाड़ी. मशहूर निर्माता आलोक कुमार के एह फिल्म में स्मृति सिन्हा के काम के खूबे तारीफ हो रहल बा. फिल्म में स्मृति के किरदार रानी नाम के एगो लड़िकी के बा आ उनुकर नायक बाड़े फिल्म के नायक आ नयका स्टार खेसारीलाल यादव.

साजन चले ससुराल के सफलता देखला का बाद स्मृति का लगे कई नया फिल्मन के ऑफर आवल शुरु हो गइल बा. आ स्मृति बहुते सोच विचार का बाद फिल्म सकारत बाड़ी. स्मृति के अबले रंगीला बाबू, प्यार बिना चैन कहां रे, शादी विवाह आ साजन चले ससुराल फिल्म प्रदर्शित हो चुकल बा. स्मृति कईगो धारावाहिको में काम कर चुकल बाड़ी.


(स्रोत – प्रशान्त निशान्त)

0 Comments

Submit a Comment

Your email address will not be published. Required fields are marked *

Recent Posts