सहारा का खिलाफ जनहित याचिका

पिछला दिने सहारा का ओर से सेबी का खिलाफ एगो खुला चुनौती वाला भरपेजिया विज्ञापन छपवावल रहे. ओह विज्ञापन का खिलाफ लखनऊ के आईपीएस अधिकारी अमिताभ ठाकुर आ उनकर सामाजिक कार्यकर्त्री पत्नी नूतन ठाकुर इलाहाबाद हाईकोर्ट के लखनऊ बेंच का सोझा जनहित याचिका दायर कइले बाड़न. ओह याचिका पर सुनवाई करत हाई कोर्ट सहारा इंडिया परिवार समूह आ ओकर प्रमुख सुब्रत राय के नोटिस जारी कइले बिया.

एही विज्ञापन में न्यायमूर्ति बी एन अग्रवाल का खिलाफो लिखल गइल बा.

हाई कोर्ट में एह मुद्दा पर अगिला बहस २ अप्रेल के करावल जाई.

जान जाईं कि सहारा इंडिया परिवार का फेर में पड़ि के बहुते लोग के धन डूबे का कगार पर बा. निवेशकन के बहला फुसला के सहारा वाले केहू तरह बझवले रखले बाड़न. सहारा अगर अइसन निवेशक का बारे में जानकारी चाहे त कुछ लोग के जानकारी हमनीओ का दे सकीलें.

0 Comments

Recent Posts

🤖 अंजोरिया में ChatGPT के सहयोग

अंजोरिया पर कुछ तकनीकी, लेखन आ सुझाव में ChatGPT के मदद लिहल गइल बा – ई OpenAI के एगो उन्नत भाषा मॉडल ह, जवन विचार, अनुवाद, लेख-संरचना आ रचनात्मकता में मददगार साबित भइल बा।

🌐 ChatGPT से खुद बातचीत करीं – आ देखीं ई कइसे रउरो रचना में मदद कर सकेला।