सहारा श्री सुब्रत राय के सुप्रीम कोर्ट फटकरलसि

निवेशकन के पइसा ना लवटावे का मामिला में सहारा ग्रुप के शुरू करे वाला सहारा प्रमुख सुब्रत राय के काल्हु सुप्रीम कोर्ट निकहा फटकार लगवलसि. कहलसि के जवाब एक हफ्ता का भीतर जमा करवा देस. सहारा ग्रुप से निवेशकन के बारे में जानकारी देबे के बा. सहारा ग्रुप के दू गो कंपनियन के संपती आ बैंक अकाउंट पहिलही सील हो गइल बा आ सुब्रत राय के देश छोड़ के विदेश जाए पर रोक लगावे के माँग कइले बा सेबी.

0 Comments



अंजोरिया पर खोजीं -

आपन टिप्पणी, लेख, कहानी, कविता, विचार भेजे खातिर -

anjoria@rediffmail.com

अगर राउर रचना पहिला बेर आ रहल बा त आपन एगो रंगीन पासपोर्ट साइज फोटो साथ में जरूर डाल दीं.

Recent Posts

पाठक-पाठिकन के राय विचार प्रतिक्रिया..

🤖 अंजोरिया में ChatGPT के सहयोग

अंजोरिया पर कुछ तकनीकी, लेखन आ सुझाव में ChatGPT के मदद लिहल गइल बा – ई OpenAI के एगो उन्नत भाषा मॉडल ह, जवन विचार, अनुवाद, लेख-संरचना आ रचनात्मकता में मददगार साबित भइल बा।

🌐 ChatGPT से खुद बातचीत करीं – आ देखीं ई कइसे रउरो रचना में मदद कर सकेला।