सांपो को बचाने की मुहीम छेड़ी ‘सपेरा’ पवन सिंह ने

Pawan
सांप के हमनी का पूजो करीलें आ देख लीं त लाठी डंडा लेके मारियो दिहिले. आज हालात अइसन हो गइल बा कि हमनी के देश में सांपन के गिनिती घटे लागल बा. अब सांपन के बचावे आ आपन दोस्त बनावे में लाग गइल बाड़ें पवन सिंह.

आवे वाली फिलिम ‘सपेरा’ में एगो सपेरा के भूमिका करत बाड़े पवन सिंह. शूटिंग बिहार के सीतामढी में जोर शोर से हो रहल बा. निर्माता रितेश ठाकुर के एह फिलिम के निर्देशन विष्णु शंकर बेलू करत बाड़ें.

पवन सिंह अपना दर्शकन से निहोरा करत बाड़न कि सांपन के मारी मत सभे. अगर कहीं लउक जाव त भगा दीं ना त वन विभाग वालन के बोला के ओह लोग के हवाले कर दीं. काहे कि साँप हमनी के पर्यावरण के जरूरी हिस्सा हउवें आ ओह से हमनी के बहुते तरह के फायदा होखेला.

पवन सिंह फ़िलहाल सपेरा के शूटिंग में व्यस्त बाड़न. उनकर ‘योद्धा’ आ ‘बाज़ीगर’ रिलीज होखे वाला बाड़ी सँ. एह दुनू फिलिमन में पवन का संगे रविओ किशन बाड़ें.


(संजय भूषण पटियाला आ रंजन सिन्हा)

1 Comment

  1. amit dubey

    Good job pawan bhaiya

आपन टिप्पणी, लेख, कहानी, कविता, विचार भेजे खातिर -

anjoria@rediffmail.com

अगर राउर रचना पहिला बेर आ रहल बा त आपन एगो रंगीन पासपोर्ट साइज फोटो साथ में जरूर डाल दीं.

Recent Posts

🤖 अंजोरिया में ChatGPT के सहयोग

अंजोरिया पर कुछ तकनीकी, लेखन आ सुझाव में ChatGPT के मदद लिहल गइल बा – ई OpenAI के एगो उन्नत भाषा मॉडल ह, जवन विचार, अनुवाद, लेख-संरचना आ रचनात्मकता में मददगार साबित भइल बा।

🌐 ChatGPT से खुद बातचीत करीं – आ देखीं ई कइसे रउरो रचना में मदद कर सकेला।