सांसद बनला का बाद पहिले बेर पटना चहुँपले मनोज तिवारी‏

ManojTiwari-at-Patna
पिछला शनिचर का दिने उत्तर पूर्व दिल्ली से भाजपा सांसद आ भोजपुरी मेगा स्टार मनोज तिवारी सांसद बनला का बाद पहिला बेर पटना चहुँपले त पटना एयरपोर्ट पर उनकर समर्थक गाजा-बाजा संगे भव्य स्वागत कइलन. सैकड़ो समर्थकन से मिलल फूल माला, स्वागत आ बधाई खातिर मनोज तिवारी सबकर आभार जतवलन.

एयरपोर्ट से भव्य स्वागत का बाद समर्थकन के जत्था एक्जीविशन रोड पर होटल पाटलीपुत्रा एक्जोटिका पहुँचल. एहिजा भोजपुरिया समाज का तरफ से मनोज तिवारी के सम्मान समारोह आयोजित भइल. अध्यक्षता भोजपुरिया समाज के अध्यक्ष मनीष कुमार कइलन.

सम्मान समारोह में सांसद मनोज तिवारी अपना के भोजपुरी ला समर्पित बतवलन आ कहलन कि एकरा के संविधान के अठवीं अनुसूची में शामिल करावे ला संसद में जरूर सवाल उठइहें.

एह मौका प लोजपा अल्पसंख्यक सेल के राष्ट्रीय प्रवक्ता असरफ अंसारी, पाटलीपुत्रा गु्रप आॅफ कम्पनीज के एम.डी अनिल सिंह, धीरज सिंह आ सर्वेश कश्यप वगैरह मौजूद रहले.


(शशिकांत सिंह, रंजन सिन्हा)

0 Comments

आपन टिप्पणी, लेख, कहानी, कविता, विचार भेजे खातिर -

anjoria@rediffmail.com

अगर राउर रचना पहिला बेर आ रहल बा त आपन एगो रंगीन पासपोर्ट साइज फोटो साथ में जरूर डाल दीं.

Recent Posts

🤖 अंजोरिया में ChatGPT के सहयोग

अंजोरिया पर कुछ तकनीकी, लेखन आ सुझाव में ChatGPT के मदद लिहल गइल बा – ई OpenAI के एगो उन्नत भाषा मॉडल ह, जवन विचार, अनुवाद, लेख-संरचना आ रचनात्मकता में मददगार साबित भइल बा।

🌐 ChatGPT से खुद बातचीत करीं – आ देखीं ई कइसे रउरो रचना में मदद कर सकेला।