सांसद रवि किशन आपन एक महीना के तनखाह पीएम राहत कोष में दान कइलन

दुनिया का साथही भारतो चीन से आइल कोरोना वायरस के मार से जूझ रहल बा आ सभे अपना अपना बेंवत भा कूवत भर एह काम में मदद करे में लागल बा. गोरखपुर के भाजपा सांसद आ फिल्म अभिनेता रवि किशनो बतौर सांसद मिलेवाला आपन एक महीना के तनखाह प्रधानमंत्री राहत कोष में देबे के एलान कइले बाड़न. एहसे पहिले रवि किशन गोरखपुर ला जरूरी स्वास्थ्य उपकरण अउर दवाई खरीदे ला जिलाधिकारी के अपना सांसद निधि से 50 लाख रुपिया दिहले बाड़न.

जानेजोग बा कि भाजपा अध्यक्ष जे.पी.नड्डा सगरी सांसदन से एक महीना के सैलरी पीएम रिलिफ फंड में दान करे के निहोरा कइले बाड़न आ एही अपील के धेयान में राखत रवि किशन ई दान कइले बाड़न. उनुकर कहना बा कि सभे केहु रे चाहीं कि जतना हो सके एह काम में मदद करे.

अपना सांसद रवि किशन के एह काम से उनुका क्षेत्र के लोगो खुश बा. ओह लोग के कहना बा कि उनुकर सांसद जनसरोकार के मामिलन में कबो पीछे ना हटसु.

0 Comments

🤖 अंजोरिया में ChatGPT के सहयोग

अंजोरिया पर कुछ तकनीकी, लेखन आ सुझाव में ChatGPT के मदद लिहल गइल बा – ई OpenAI के एगो उन्नत भाषा मॉडल ह, जवन विचार, अनुवाद, लेख-संरचना आ रचनात्मकता में मददगार साबित भइल बा।

🌐 ChatGPT से खुद बातचीत करीं – आ देखीं ई कइसे रउरो रचना में मदद कर सकेला।