इलाहाबाद के भारतीय सूचना आ प्रौद्योगिकी संस्थान के निदेशक एम डी तिवारी बतवले बाड़न कि केन्द्र सरकार का सहयोग से एगो संस्थान बनावल जा रहल बा जवना में साइबर अपराध से निबटे लायक लोग प्रशिक्षित कइल जइहें. एह खातिर केन्द्र सरकार पचास करोड़, राज्य सरकार पैंतीस करोड़, आ औद्योगिक घरानन से पन्द्रह करोड़ मिले जा रहल बा. संस्थान साइबर अपराध का खिलाफ मजगर कानूनो बनावे के काम करी.
0 Comments