साई बाबा पर बनल भोजपुरी फिलिम ‘‘साई मोरे बाबा’’

अब भोजपुरी में माइथोलॉजिकल फिलिम बने के सिलसिला शुरू हो गइल बा. साई बाबा के जिनिगी पर आधारित भोजपुरी फिल्म ‘‘साई मोरे बाबा’’ बनके तइयार बा आ जल्दिये रिलीज होखी. महेश चन्द्रा फिल्मस् के बैनर तले बनल एह फिलिम के निर्मात्री साधना सिंह हई आ निर्देशन कइले बाड़न साधना सिंह का साथे सतीश हेगड़े. फिल्म में मुख्य भूमिका डॉ॰ उमेश सिंह, सत्या, मनीषा रानी, अर्चना सिंह, अनिता सिंह, संजय कुमार, उमेश श्रीवास्तव, बबलू, सुमन सिन्हा, बाल कलाकार रक्षिता सिंह, प्रिंस, असिता, अक्षज, हीना सहनी अउर विपिन सिंह के बा.

फिल्म के सह निर्देशक विजयेन्द्र, लेखक रश्मि प्रभा, गीतकार रश्मि प्रभा, प्रवीण झा आ नीलम प्रभा. संगीतकार हउवें अब्बुजर रिजवी आ दीपक ठाकुर, छायाकार रंजीत, निर्देशक केदार सुब्बा आ कला निर्देशक, आर॰के॰गोल्डी. निर्मात्री साधना सिंह अप्रवासी भारतीय हई. साधना सिंह के कहना बा कि उनुकर पूरा परिवार साई बाबा में आस्था राखेला एहसे अपना पहिला फिलिम बाबा के समर्पित ‘‘साई मोरे बाबा’’ बनवली. एह फिलिम के अधिकतर कलाकार बिहार के हउवें आ करीब करीब सगरी नया कलाकार. कहली कि फिलिम बढ़िया बनल बा आ उमेदे ना पूरा भरोसा बा कि लोगो एकरा के पसंद करी.


(स्रोत – रंजन सिन्हा)

0 Comments



अंजोरिया पर खोजीं -

आपन टिप्पणी, लेख, कहानी, कविता, विचार भेजे खातिर -

anjoria@rediffmail.com

अगर राउर रचना पहिला बेर आ रहल बा त आपन एगो रंगीन पासपोर्ट साइज फोटो साथ में जरूर डाल दीं.

Recent Posts

पाठक-पाठिकन के राय विचार प्रतिक्रिया..

🤖 अंजोरिया में ChatGPT के सहयोग

अंजोरिया पर कुछ तकनीकी, लेखन आ सुझाव में ChatGPT के मदद लिहल गइल बा – ई OpenAI के एगो उन्नत भाषा मॉडल ह, जवन विचार, अनुवाद, लेख-संरचना आ रचनात्मकता में मददगार साबित भइल बा।

🌐 ChatGPT से खुद बातचीत करीं – आ देखीं ई कइसे रउरो रचना में मदद कर सकेला।