सागर अंजाना के ‘आखिर कब जागोगे’

बहुमुखी प्रतिभा के धनी सागर अंजाना लेखक के संगे संग कलाकारो हउवव. बतौर कलाकार सागर अंजाना बहुते फिलिम कइले बाड़न बाकिर उनुका अपना आवे वाली भोजुपरी फिल्म ‘आखिर कब जागोगे’ से ढेरहन उम्मीद बा. निर्माता डा. आर. के. निषाद आ निर्देशक अनिल लहरी के एह फिलिम में सागर अंजाना मुख्यमंत्री के किरदार करत बाड़न जवन भठियरपन में डूबल बा.

फिलिम का बारे में बतावत सागर अंजाना कहलें कि ‘आखिर कब जागोगे’ में भठियरपन, भ्रष्टाचार, पर तमाचा मारल बा आ एगो बरोबरी के समाज बनावे के नींव डालल गइल बा. एह फिलिम से नवोदित कलाकार सुजीत कपूर भोजपुरी सिनेमा में डेग धरत बाड़े. सागर अंजाना के कहना बा कि फिलिम में सुजीत बहुते बढ़िया काम कइले बाड़न. एगो सुपर स्टार बने के सगरी गुण सुजीत कपूर में बा.

सागर अंजाना एह फिल्म से पहिले सुपरहिट टेलीफिल्म ‘निरहुआ का तेरहीं’ में आपन लाजवाब अभिनय देखा चुकल बाड़े. दिलीप जायसवाल के फिल्म ‘नौटंकी’ में वकील के किरदारो में दर्शक उनुका के पसंद कइलें. लेखक आ कलाकार बने से पहिलले सागर अंजाना बॉलीवुड में अपना कैरियर के शुरुआत सहायक निर्देशक के रूप में कइले रहलें आ अबहियो तमन्ना बा कि जब मौका मिली त कवनो फिलिमके निर्देशन जरूर करीहें.


(समरजीत)

0 Comments



अंजोरिया पर खोजीं -

आपन टिप्पणी, लेख, कहानी, कविता, विचार भेजे खातिर -

anjoria@rediffmail.com

अगर राउर रचना पहिला बेर आ रहल बा त आपन एगो रंगीन पासपोर्ट साइज फोटो साथ में जरूर डाल दीं.

Recent Posts

पाठक-पाठिकन के राय विचार प्रतिक्रिया..

🤖 अंजोरिया में ChatGPT के सहयोग

अंजोरिया पर कुछ तकनीकी, लेखन आ सुझाव में ChatGPT के मदद लिहल गइल बा – ई OpenAI के एगो उन्नत भाषा मॉडल ह, जवन विचार, अनुवाद, लेख-संरचना आ रचनात्मकता में मददगार साबित भइल बा।

🌐 ChatGPT से खुद बातचीत करीं – आ देखीं ई कइसे रउरो रचना में मदद कर सकेला।