‘साजन चले ससुराल’ पचासा पुरवलसि

भोजपुरी फिल्मोद्योग के सबले सफल निर्माता आलोक कुमार के हालिया प्रदर्शित फिल्म ‘साजन चले ससुराल’ बिहार के छः गो सिनेमाघरन में पचासा लगा दिहले बा. बिहार के सीतामढी के शंकर टॉकीज, गया के किरण टॉकिज, मोतीहारी के पायल टॉकिज, सिवान के दरबार टॉकिज, बिहारशरीफ के नाज टॉकिज, आ आरा के सपना सिनेमा हॉल में लगातार सात हफ्ते एक दिन चलके पचास दिन पूरा कर लिहलसि साजन चले ससुराल.

भोजपुरी सिनेमा के नया नया आइल सितारा खेसारी लाल यादव अभिनीत एह फिल्म के सफलता से आलोक कुमार फेर साबित कर दिहलन कि भोजपुरिया दर्शकन के नब्ज़ ऊ खूब जानेले. आलोक कुमार एहसे पहिले ‘राजा भोजपुरिया’, ‘हो गइल बा प्यार ओढनिया वाली से’, ‘निरहुआ चलल ससुराल’, ‘गवनवा ले जा राजा जी’, ‘हो गईनी दीवाना तोहरे प्यार में’, ‘भईया के साली ओढ़निया वाली’ जइसन सुपरहिट फिलिम दे चुकल बाड़े.

‘साजन चले ससुराल’ के निर्देशन प्रतिभाशाली निर्देशक प्रेमांशु सिंह कइले बाड़न कलाकारन में खेसारी लाल यादव, स्मृति सिन्हा, नेहा श्री, आकाश सहाय, किरण यादव, अनुप अरोड़ा, गिरीश शर्मा, संतोष श्रीवास्तव, सी. पी. भट्ट, विकास विरप्पन के खास भूमिका बा. फिल्म के गीतकार अशोक कुमार दीप, प्यारे लाल यादव, अउर कृष्णा बेदर्दी आ संगीतकार अशोक कुमार दीप हउवे.

फिलिम साजन चले ससुराल के सफलता खातिर आलोक कुमार के हार्दिक बधाई.


(स्रोत – प्रशांत निशांत)

0 Comments



अंजोरिया पर खोजीं -

आपन टिप्पणी, लेख, कहानी, कविता, विचार भेजे खातिर -

anjoria@rediffmail.com

अगर राउर रचना पहिला बेर आ रहल बा त आपन एगो रंगीन पासपोर्ट साइज फोटो साथ में जरूर डाल दीं.

Recent Posts

🤖 अंजोरिया में ChatGPT के सहयोग

अंजोरिया पर कुछ तकनीकी, लेखन आ सुझाव में ChatGPT के मदद लिहल गइल बा – ई OpenAI के एगो उन्नत भाषा मॉडल ह, जवन विचार, अनुवाद, लेख-संरचना आ रचनात्मकता में मददगार साबित भइल बा।

🌐 ChatGPT से खुद बातचीत करीं – आ देखीं ई कइसे रउरो रचना में मदद कर सकेला।