Customise Consent Preferences

We use cookies to help you navigate efficiently and perform certain functions. You will find detailed information about all cookies under each consent category below.

The cookies that are categorised as "Necessary" are stored on your browser as they are essential for enabling the basic functionalities of the site. ... 

Always Active

Necessary cookies are required to enable the basic features of this site, such as providing secure log-in or adjusting your consent preferences. These cookies do not store any personally identifiable data.

No cookies to display.

Functional cookies help perform certain functionalities like sharing the content of the website on social media platforms, collecting feedback, and other third-party features.

No cookies to display.

Analytical cookies are used to understand how visitors interact with the website. These cookies help provide information on metrics such as the number of visitors, bounce rate, traffic source, etc.

No cookies to display.

Performance cookies are used to understand and analyse the key performance indexes of the website which helps in delivering a better user experience for the visitors.

No cookies to display.

Advertisement cookies are used to provide visitors with customised advertisements based on the pages you visited previously and to analyse the effectiveness of the ad campaigns.

No cookies to display.

साठ गो फिलिमन के रिलीज आ चुनाव में बड़का सितारन के मौजूदगी वाला साल 2014
साल 2014 में भोजपुरी सिनेमा के सितारा लोग राजनीति का मैदान में जम के कूदल. चार गो बड़का सितारा – मनोज तिवारी, रविकिशन, नगमा, आ कुणाल सिंह – एह साल भइल लोकसभा चुनाव में आपन किस्मत आजमावे उतरले बाकिर सफलता मिलल त बस मनोज तिवारी के. मनोज तिवारी भाजपा के टिकट पर उत्तर पूर्वी दिल्ली सीट से जीत के संसद चहुँप गइले बाकिर कांग्रेस के टिकट पर लड़ल बाकी तीनो कलाकार कांग्रेसे का तरह हार के शिकार बन गइले.

सांसद मनोज तिवारी ओकरा बाद भइल विधानसभा चुनावन में भाजपा के स्टार प्रचारक बन के भाजपा के विजय यात्रा में आपन योगदानो दिहलन.

साल 2014 मे रिलीज भइल करीब साठ गो फिलिमन में से पहिला रहल विराज भट्ट आ रिंकू घोष अभिनी ‘इ कईसन प्रथा’. निहाल सिंह के निर्देशन में बनल एह फिलिम के मकर संक्रांति का मौका पर बिहार, उत्तर प्रदेश आ मुंबई में बढ़िया ओपनिंग मिलल बाकिर निर्माता के कवनो खास फायदा ना भेंटाइल.

एही साल विराज भट्ट के दुसरकी फिलिम ‘कसम वर्दी के’ देखेवालन के अपना ओर खींचलस आ एह फिलिम के निर्देशक दिनेश यादव के एगो पहचान बना दिहलस. कांतिलाल पी मारू के एह फिलिम के बिजनेस मुंबईओ में ठीकठाक रहल.

आदि शक्ति इंटरटेनमेंट के प्रस्तुति आ दिनेश लाल यादव अभिनीत फिलिम ‘निरहुआ हिन्दुस्तानी’ कामयाबी के इतिहास रच दिहलस.

सबले खास साल रहल पवन सिंह खातिर. भोजपुरी के बड़का सितारन में शामिल पवन सिंह ला ई साल 2014 सबले खास रहल. एह साल उनकर बिआह हो गइल आ उनुका फिलिमन के जादूओ खूबे चलल.

बिआह के एलान भोजपुरी सिनेमा के ड्रीम गर्ल रिंकू घोषो के भइल आ सगाई के रस्मो भइल. एकरा साथही रिंकू घोष के फिलिमो कामयाबी का राहे रहली सँ. उनकर ‘नगीना’ आ ‘औरत खिलौना नहीं’ आ ‘खून भरी मांग’ में रिंकू के शानदार जलवा देखे के मिलल.

एह साल बड़कनो में बड़का सितारा मनोज तिवारी के तीन गो फिलिम – देवरा बड़ा सतावेला, ओैरत खिलौना नहीं, अउर गोबर सिंह – रिलीज भइली सँ. मनोज तिवारी के अभिनय के सभे सराहल.

भोजपुरी सिनेमा में रियल रंगबाज का नाम से मशहूर हैदर काजमी के फिलिम ‘लड़ाई’ एह साल रिलीज भइल जवना में काजमी के हिरोइन रहली मिस फैमिना नूरी शेख.

रमाकांत प्रसाद के निर्देशन में बनल ‘प्यार किया तो डरना क्या’ फिलिम से आदि शक्ति इंटरटेनमेंट एह साल राकेश मिश्रा आ पूनम दुबे के जोड़ी परदा पर उतरलस. एह टटका जोड़ी के लोग पसंदो खूब कइल.

बिहार के विधायक डाक्टर सुनील के फिलिम ‘विलेन’ के बिहार में पसंद कइल गइल.

बड़का स्टार विनय आनंद के फिलिम ‘मंगलफेरा’ कम बजट में बनल रहे त आपन लागत वसूल लिहलसि.

अजय कुमार झा के निर्देशन में बने जात बड़हन बजट के फिलिम ‘कभी खुशी कभी गम’, अजय कुमार के निर्देशन में बने वाली ‘लफुआ देवर’ आ रविसिन्हा के निर्देशन में बने जात ‘इंतकाम’ फिलिमन के शानदार मुर्हूत करावल गइल.

दिनेश यादव के निर्देशन में बनत ‘मर्यादा मंगलसूत्र के’ अउर ‘डोली लेके आजा ए पवन राजा’ के शूटिंग हैदराबाद में शुरु भइल.

जगदीश शर्मा अपना फिलिम ‘लागी नाही छुटे रामा’ के घोषणा कइलन आ पवन सिंह का साथे एकर शूटिंगो शुरु क दिहलन.

साल २०१४ में राकेश मिश्रा के कामयाबी के झंडो गड़ाइल आ उनुकर फिलिम ‘प्यार किया तो डरना क्या’ अउर ‘दिवानगी हद से’ दर्शकन के दिल जीतलस.

भोजपुरी आयटम नंबरन पर एहू साल डांसिंग क्वीन सीमा सिंह के कब्जा बरकरार रहल आ अधिका फिलिमन में उनुकरे आयटम नंबर शामिल रहल.

खलनायकी के मैदान में संजय पांडे आपन जादू बरकरार रखलन. खलनायकी के मैदान में नीरज यादवो लमहर छलांग लगवलन एह साल आ मल्टी स्टारर फिलिम ‘हथकड़ी’ से आपन अलगे पहचान बना लिहलन.

चरित्र अभिनेत्री में किरण यादव के जादू बरकरार रहल.

विशाल सिंह एह साल अपना फिलिम ‘हथियार’ से रियल एक्शन स्टार बन के उगलन. अलग बात बा कि फिलिम अबहीं रिलीज नइखे भइल.

कृष्णा कुमार, पुनम दुबे, शिखा मिश्रा, करन यादव के नाम चरचा में रहल.

सी सी एल का चलते भोजपुरी दबंग टीम छपले रहल चरचा के मैदान. बड़कनो में बड़का स्टार रविकिशन के एह साल बेस्ट एक्टर का अवार्ड आ रानी चटर्जी को बेस्ट अभिनेत्री के अवार्ड मिलल.

बड़का स्टार विनय आनंद के फिलिम ‘लक्ष्मण रेखा’ के दू गो अवार्ड मिलल.

दिनेश लाल यादव निरहुआ आ राजीव दिनकर के फिलिम ‘पटना टू पाकिस्तान’ रिलीज का पहिलही चरचा में आ गइल. रविकिशन आपन फिलिम ‘पंडित जी बताई ना बियाह कब होई’ के सिक्वल बनावे के एलान कइलन त निर्देशक रमाकांत प्रसाद अपना कामयाब फिलिम ‘दिवाना’ के सिक्वल के शूटिंग शुरु क दिहलन.

ManojTiwari-kesaria


RinkuGhosh-sexy


Seema-Viraj-Hathiyar


RakeshMishra_Monalisa


(शशिकांत सिंह)

0 Comments