सातवाँ विश्व भोजपुरी सम्मलेन में सम्मानित भइली गुंजन पन्त आ नेहाश्री

Ginjanpant-awardedहालही में दिल्ली में पुर्वान्चल एकता मंच के आयोजित 7वाँ विश्व भोजपुरी सम्मलेन में भोजपुरी कलाकारन के सम्मानित कइल गइल. सम्मान का बाद अपना संबोधन में गुन्जन पन्त खुशी जतवली कि गैर भोजपुरी होखला का बावजूद भोजपुरी से जवन मान-सम्मान आ प्यार उनुका मिलल बा तवना ला ऊ भर जिनिगी भोजपुरिया समाज के आभारी रहीहें.
NehaShri-awarded
एह आयोजन में भोजपुरी सिनेमा के महानायक कुणाल सिंह, सुपर स्टार नायक मनोज तिवारी, पवन सिंह, चुन्नू सिंगापुरी, फिल्म निर्माता अभय सिन्हा, निर्देशक राजकुमार आर. पाण्डेय, नृत्य निर्देशक कानू मुखर्जी, आ अभिनेत्री अंजना सिंह, संगीता तिवारी, सीमा सिंह अउर नेहाश्री सिंहो के सम्मानित कइल गइल.

राजस्थान के स्टार अभिनेत्री नेहाश्री सिंह के “पुर्वान्चल गौरव सम्मान” से सम्मानित कइल गइल जिनकर फिल्मी कैरियर के शुरुआत भोजपुरी हिट फिलिम “साजन चले ससुराल” से भइल रहल.


(अपना न्यूज)

0 Comments

Recent Posts



अंजोरिया पर खोजीं -

आपन टिप्पणी, लेख, कहानी, कविता, विचार भेजे खातिर -

anjoria@rediffmail.com

अगर राउर रचना पहिला बेर आ रहल बा त आपन एगो रंगीन पासपोर्ट साइज फोटो साथ में जरूर डाल दीं.

पाठक-पाठिकन के राय विचार प्रतिक्रिया..