साधु के भेस ध के गहना उडवलन स

मझौवां, बलिया। हल्दी थाना क्षेत्र के सुल्तानपुर गांव में दूगो ठग साधू के भेस ध के पप्पू तिवारी के मेहरारू जेवन अपना घर में अतवार के दुपहरिया में अकेले लइकन के साथे रहुवी उहवां पहुंचि के उनकरा से अमंगल होखे के बाति कहे लगुवन स। अमंगल के मंगल में बदले खातिर उपाय पूछला पर दूगो ठगवा कहुवन स कि अपना घर के सोना के गहना लेइ के आ थोरे चाउर के ढेरी बनाव आ ओहि में राखि के तोप द हमन के मंत्र पढि़ के अमंगल दूर कइ देइब जा। उ चाउर आ 60 हजार के गहना ले आ के उन्हनिन के सामनही चाउर के ढेरी में ढांकि दीहुवी। एही बीच उ मंत्र पढुवन स आ दुर्इ घंटा बाद निकाले के कहि के चलि गउवन स। दुर्इ घंटा बाद जब उ चाउर में से गहना निकाले लगुवीं त खाली ओमें कागज मिलुवे गहना नाहीं मिलुए तब उनका बुझउवे कि उ ठग रहुवन स आ गहना धोखा दे के ले के भागि गइलन स। परिवार के लोग खूबे खोजुए बाकी उ दूनो ना भ्ेाटउवन स।

0 Comments

Recent Posts



अंजोरिया पर खोजीं -

आपन टिप्पणी, लेख, कहानी, कविता, विचार भेजे खातिर -

anjoria@rediffmail.com

अगर राउर रचना पहिला बेर आ रहल बा त आपन एगो रंगीन पासपोर्ट साइज फोटो साथ में जरूर डाल दीं.

पाठक-पाठिकन के राय विचार प्रतिक्रिया..