सारण के नगरा के पेट्रोल पंप मालिक से लूट

आजु सोमार का दिने सारण के नगरा इलाका के अफौर रामचौड़ा पुल का नियरा चार गो हथियारबन्द अपराधी मुसहरी पेट्रोल पम्प के मालिक से करीब डेढ़ लाख रुपिया लूट लिहलें.

पेट्रोल पंप मालिक विजय सिंह के भतीजा राहुल पंप के एगो कर्मचारी का साथे बाइक से नगरा बैंक जात रहले. उनुका लगे 1 लाख 39 हजार रुपिया रहुवे जवना के बैंक में जमा करावे के रहल बाकिर पहिलहीं से पाछा लागल ई बदमाश अफौर रामाचौड़ा पुल का नियरा सुनसान देख के एह लोग के रोक लिहले सँ आ असलहा देखा के रुपिया लूट ले गइले सँ.

फिलहाल पुलिस मामला के छानबीन करत बिया आ अबहीं केहु के गिरफ्तारी नइखे भइल.

0 Comments

Recent Posts



अंजोरिया पर खोजीं -

आपन टिप्पणी, लेख, कहानी, कविता, विचार भेजे खातिर -

anjoria@rediffmail.com

अगर राउर रचना पहिला बेर आ रहल बा त आपन एगो रंगीन पासपोर्ट साइज फोटो साथ में जरूर डाल दीं.

पाठक-पाठिकन के राय विचार प्रतिक्रिया..