सारण जिला के मोटरसाइकिल चोर पकड़‪इले सँ

सारण जिला मेंं मोटरसाइकिल लूट आ चोरी के अनेके घटना का बाद बनावल गइल स्पेशल टीम बियफे का रात में कइ जगहा छापा मार के पाॅच गो बदमाशन के गिरफ्तार क लिहलसि. एकनी का लगे से कुछ मोटरसाइकिल बरामदो भइल बा.
पकड़ाइल बदमाशन में गिरोह के सरगना जलालपुर के पवन कुमार सिंह, सिसवन थाना के चोटेयां गांव के उमेश यादव, एमएच नगर के चंदन राय, दाउदपुर के सुनील राम आ सिसवन के बुलेट यादव शामिल बाड़े स.
एकनी का लगे से बरामद दस्तावेज से लागत बा कि इ सब मोटरसाइकिल चोरा भा लूट के ओकर नकली कागजात बना के दोसरा जिला में बेच देत रहले सॅ. एकनी से मिलल जानकारी का आधार पर कुछ अउरिओ लोग गिरफ्तार कइल जा सकेले.

0 Comments

🤖 अंजोरिया में ChatGPT के सहयोग

अंजोरिया पर कुछ तकनीकी, लेखन आ सुझाव में ChatGPT के मदद लिहल गइल बा – ई OpenAI के एगो उन्नत भाषा मॉडल ह, जवन विचार, अनुवाद, लेख-संरचना आ रचनात्मकता में मददगार साबित भइल बा।

🌐 ChatGPT से खुद बातचीत करीं – आ देखीं ई कइसे रउरो रचना में मदद कर सकेला।