‘साली बडी सतावेली’ में असली साली जीजा क जोड़ी

दिलआवेज खान के पहिलका फिलिम ‘साली बडी सतावेली’ में उनकर आपन साली रानी चटर्जी

दिलआवेज खान के पहिलका फिलिम ‘साली बडी सतावेली’ में उनकर आपन साली रानी चटर्जी

अब एकरा के संजोग कहीं भा कुछ अउर बाकि निर्देशक दिलआवेज खान के पहिलका फिलिम ‘साली बडी सतावेली’ में उनकर आपन साली रानी चटर्जीए साली के किरदार करत बाड़ी. जबकि जीजा बनल बाड़न रवि किशन. रवि किशन के पत्नी के किरदार में रिंकू घोष बाड़ी.

दिलआवेज खान बतावत बाड़े कि ‘‘साली बड़ी सतावेली’’ जीजा साली के नोंकझोंक पर ना हो के एगो गंभीर मसला पर केन्द्रित बा. साली के रिश्ते लोग मजाक में लेला बाकि एह फिलिम में देखावल गइल बा कि साली क रिश्ता मजाके के रिश्ता ना होला बलुक बहुते पवित्र आ नाजुको रिश्तो होला.

एकर शूटिंग सिलवासा आ दादरा के खूबसूरत लोकेशनन पर कइल गइल बा. 12 साल हिन्दी फिल्म इंडस्ट्री में अनेके बड़हन निर्देशकन के सहायक निर्देशक रह चुकल दिलआवेज खान के पहिला ब्रेक दिहले बाड़न सीतामढी के रहे वाला निर्माता आरिफ खान अउर आशिक मोहम्मद. जेही एकर शो-रील देखले बा सभे दिलआवेज खान के निर्देशन के तारीफ करत बा.

अब रउरो तइयार हो जाईं एह जीजा-साली जोड़ी के फिलिम ‘साली बड़ी सतावेली’ देखे ला.


(प्रशांत निशांत)

0 Comments

🤖 अंजोरिया में ChatGPT के सहयोग

अंजोरिया पर कुछ तकनीकी, लेखन आ सुझाव में ChatGPT के मदद लिहल गइल बा – ई OpenAI के एगो उन्नत भाषा मॉडल ह, जवन विचार, अनुवाद, लेख-संरचना आ रचनात्मकता में मददगार साबित भइल बा।

🌐 ChatGPT से खुद बातचीत करीं – आ देखीं ई कइसे रउरो रचना में मदद कर सकेला।