साल के पहिलका तिमाही निरहुआ के नामे

भोजपुरी सिनेमा के किंग स्टार निरहुआ के जादू एहू साल चल रहल बा आ एह तिमाही में रिलीज उनकर
तीनो फिल्म शानदार सफलता पवले बाड़ी सँ. एह सफलता से निर्माता, वितरक, आ सिनेमाहाल मालिक सबका चेहरा पर मुस्कान बनल बा.

जनवरी में निरहुआ पाखी के निरहुआ नं॰ वन रिलीज भइल त होली का मौका पर शिवा आ सात सहेलियाँ. सात सहेलियाँ त सिर्फ बिहारे में एक करोड़ से बेसी के बिजनेस कर देखवलस. बुझात बा कि बाकियो बचल तिमाही में निरहुआ कमाल देखावत रहीहें आज के करण अर्जुन रिलीज हो चुकल बा जबकि दाग, मृत्युंजय, लोफर,रणभूमि वगैरह रिलीजहोखे के तइयार बाड़ी सँ.


(स्रोत : प्रशान्त निशान्त)

0 Comments

🤖 अंजोरिया में ChatGPT के सहयोग

अंजोरिया पर कुछ तकनीकी, लेखन आ सुझाव में ChatGPT के मदद लिहल गइल बा – ई OpenAI के एगो उन्नत भाषा मॉडल ह, जवन विचार, अनुवाद, लेख-संरचना आ रचनात्मकता में मददगार साबित भइल बा।

🌐 ChatGPT से खुद बातचीत करीं – आ देखीं ई कइसे रउरो रचना में मदद कर सकेला।