सावधान ! ‘खलनायक’ विराज भट्ट के एगो डब फिलिम ह

viraj-bhattविराज भट्ट एह घरी अपना फिलिम ‘खलनायक’ से परेशान बाड़ें. नेपाली भाषा में बनल उनका एह फिलिम ‘खलनायक’ के निर्माता दर्शकन के धोखा में राखत एह फिलिम के भोजपुरी में डब क के देखावत बाड़न. एहसे परेशान विराज भट्ट अपना चहेता लोगन के सजग करत बाड़ें कि एह फिलिम से सावधान रहे लोग काहें कि ई भोजपुरी फिलिम ना हो के नेपाली फिलिम ह जवना के भोजपुरी में डब क दिहल बा.

विराज भट्ट पिछला दिने चउँकलन जब उनुकर दू गो फिलिमन के, ‘चीता’ आ ‘राउड़ी रंगबाज’, भोजपुरी में डब क के रिलीज क दिहल गइल. विराज भट्ट के एगो पुरान नेपाली फिलिम “कवच” के भोजपुरी में डब क के “चीता” का नाम से आ नेपाली में बनल ‘मजबूर’ के भोजपुरी में ‘राउड़ी रंगबाज’ के नाम से देखावल जात बा. उनकर एगो अउर नेपाली फिलिम ‘गंगाजल’ के भोजपुरी में ‘मर्द रिक्शावाला’ क नाम से रिलीज करे क तइयारी चलत बा.

साथही विराज भट्ट अपना नेपाली निर्माता लोग से निहोरा कइले बाड़न कि अइसन काम मत करे लोग.


(शशिकांत सिंह, रंजन सिन्हा)

0 Comments

🤖 अंजोरिया में ChatGPT के सहयोग

अंजोरिया पर कुछ तकनीकी, लेखन आ सुझाव में ChatGPT के मदद लिहल गइल बा – ई OpenAI के एगो उन्नत भाषा मॉडल ह, जवन विचार, अनुवाद, लेख-संरचना आ रचनात्मकता में मददगार साबित भइल बा।

🌐 ChatGPT से खुद बातचीत करीं – आ देखीं ई कइसे रउरो रचना में मदद कर सकेला।