सावधान ! ‘खलनायक’ विराज भट्ट के एगो डब फिलिम ह

viraj-bhattविराज भट्ट एह घरी अपना फिलिम ‘खलनायक’ से परेशान बाड़ें. नेपाली भाषा में बनल उनका एह फिलिम ‘खलनायक’ के निर्माता दर्शकन के धोखा में राखत एह फिलिम के भोजपुरी में डब क के देखावत बाड़न. एहसे परेशान विराज भट्ट अपना चहेता लोगन के सजग करत बाड़ें कि एह फिलिम से सावधान रहे लोग काहें कि ई भोजपुरी फिलिम ना हो के नेपाली फिलिम ह जवना के भोजपुरी में डब क दिहल बा.

विराज भट्ट पिछला दिने चउँकलन जब उनुकर दू गो फिलिमन के, ‘चीता’ आ ‘राउड़ी रंगबाज’, भोजपुरी में डब क के रिलीज क दिहल गइल. विराज भट्ट के एगो पुरान नेपाली फिलिम “कवच” के भोजपुरी में डब क के “चीता” का नाम से आ नेपाली में बनल ‘मजबूर’ के भोजपुरी में ‘राउड़ी रंगबाज’ के नाम से देखावल जात बा. उनकर एगो अउर नेपाली फिलिम ‘गंगाजल’ के भोजपुरी में ‘मर्द रिक्शावाला’ क नाम से रिलीज करे क तइयारी चलत बा.

साथही विराज भट्ट अपना नेपाली निर्माता लोग से निहोरा कइले बाड़न कि अइसन काम मत करे लोग.


(शशिकांत सिंह, रंजन सिन्हा)

0 Comments

Recent Posts



अंजोरिया पर खोजीं -

आपन टिप्पणी, लेख, कहानी, कविता, विचार भेजे खातिर -

anjoria@rediffmail.com

अगर राउर रचना पहिला बेर आ रहल बा त आपन एगो रंगीन पासपोर्ट साइज फोटो साथ में जरूर डाल दीं.

पाठक-पाठिकन के राय विचार प्रतिक्रिया..